Bareli : बवाल के बाद मौलाना तौकीर रजा के बढ़ल मुश्किल, सैकड़न अझात पs FIR दर्ज

Share

बरेली। शहर में भइल बवाल के बाद मौलाना तौकीर रजा सहित सइयन गो अज्ञात लोगन पs मुकदमा दर्ज भइल बा। पुलिस के ओर से शहर के चार थाना- कोतवाली, बारादरी, प्रेमनगर आ किला में प्राथमिकी लिखावल गइल बा।

बारादरी थाना में दर्ज मुकदमा

बारादरी थाना में दुगो केस दर्ज भइल बा। पहिला केस में पुलिस 28 लोग के नामजद कइले बिया आ करीब ढाई सौ अज्ञात लोग के सामिल कइले बिया। दूसरका केस में करीब 18 लोग के नामजद कइले बिया, बाकी डेढ़ सौ अज्ञात लोग पs केस लिखल गइल बा।

नामजद लोग में नदीम, अनीस सकलैनी, साजिद सकलैनी, तहमीन, वसीम तहसीनी, अजीम, अदनान, मोईन सिद्दीकी, फैजुल्ला नबी, कलीम खान, मोबीन, नायाब उर्फ निम्मा, बबलू खां, दाउद खा, अमन, अजमल रफी, फैजान, सामनान, सम्मू खान, अरशद अली, मुस्तफा नूरी, नौशाद खान मुनीमिया, मोहम्मद आकिब, मुन्ना, सलाउद्दीन, यूनुस, आशु आदि सामिल बा लोग।

मौलाना तौकीर रजा नामजद

पुलिस के मोताबिक, दूसरका मुकदमा में 18 लोग नामजद भइल बा आ एमे मौलाना तौकीर रजा के नाम सामिल कइल गइल बा।

कोतवाली क्षेत्र में बवाल आ लाठीचार्ज

कोतवाली इलाका के श्यामगंज में उपद्रवी लोग घंटा भर से डेरा जमवले रहस। पुलिस बेर-बेर समझवलस, बाकिर भीड़ ना मानल। एह बीच एसएसपी अनुराग आर्य हाथ में लाठी लेके पहुंचलें तs भीड़ में से गोली चला दिहल गइल। पुलिस लाठीचार्ज कs के चंद मिनट में भीड़ के खदेड़ देलस। गनीमत रहे कि गोली के चपेट में केहू ना आइल।

पुलिस के सख्त कार्रवाई

भीड़ इस्लामियां ग्राउंड जाये खातर जिद करत रहे, बाकिर पुलिस रस्सा खींच के रोके के कोसिस कइलस। एसएसपी आ डीआइजी अजय कुमार साहनी खुद मोर्चा संभरलें। पुलिस भीड़ के फल मंडी से पुराना शहर तक खदेड़ देलस। आखिरकार माहौल शांत हो गइल, बाकिर सुरक्षा खातिर भारी पुलिस बल तैनात कs दिहल गइल बा।

Read Also: Gurugram Thar Accident : बेकाबू थार एग्जिट डिवाइडर से टकराइल, 5 के मौत

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-