थार में कुल छव लोग सवार रहे। हादसा ओवरस्पीडिंग के चलते भइल। गाड़ी अनियंत्रित होके डिवाइडर से जा भिड़ल आ जानलेवा एक्सीडेंट में तब्दील हो गइल।
मिलल जानकारी के मोताबिक, हादसा भोर के करीब 4:30 बजे भइल। दिल्ली से जयपुर जइया साइड पs एग्जिट-9 के डिवाइडर से तेज रफ्तार ब्लैक थार (यूपी नंबर) टकरा गइल। गाड़ी में तीन गो युवक आ तीन गो युवती रहे लोग। दुर्घटना में तीन गो युवती आ दुगो युवक के मौके पs मौत हो गइल, जबकि एगो युवक गम्भीर रूप से घायल हो गइल बा।
Read Also: Asia Cup 2025 : सुपर ओवर के रोमांच में टीम इंडिया के जीत, राेमांचक जंग में अर्शदीप सिंह के दिखल जलवा









