[the_ad_group id="30365"]

बांग्लादेश: पूर्व PM खालिदा जिया जेल से होंहिएँ रिहा, राष्ट्रपति के आदेश

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बांग्लादेश में हंगामा के बीच एगो बड़ खबर सोझा आईल बा। राष्ट्रपति जेल में बंद पूर्व पीएम आ विपक्षी नेता खालेदा जिया के रिहा करे के आदेश दिहले बाड़न.  एकरा अलावे सेना के ओर से एगो अवुरी बड़ अपडेट आईल बा। सेना के कहना बा कि बांग्लादेश में कर्फ्यू मंगल के सबेरे खतम हो जाई. स्कूल आ कारोबार फेर से खुल जाई.

शेख हसीना के बेटा के बयान भी सामने आईल

बांग्लादेश के प्रधानमंत्री रहल शेख हसीना के बेटा सजीब वाजेद जॉय सोमार के दिने कहलन कि उनुकर महतारी राजनीति में ना लवटइहें. हसीना के आधिकारिक सलाहकार रहल जॉय बतवले कि परिवार के निहोरा पs उनुकर महतारी उनुका सुरक्षा खाती देश छोड़ के चल गईली। 76 साल के हसीना अपना सरकार के खिलाफ भारी विरोध के बीच इस्तीफा दे देली अवुरी लंदन खातीर रवाना हो गईली।

बीबीसी वर्ल्ड सर्विस पs ‘न्यूजआवर’ के दिहल साक्षात्कार में जॉय कहले कि उनुका महतारी खातिर कवनो राजनीतिक वापसी ना होई. उs कहले कि हसीना अतवार से इस्तीफा देवे पs विचार करत रहली अवुरी परिवार के निहोरा के बाद अपना सुरक्षा खातीर देश छोड़ देली।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]