[the_ad_group id="30365"]

बीएस-3 पेट्रोल अउर बीएस-4 डीजल गाड़ी से पाबंदी हटल, आजु से पांच लाख गाड़ी मालिकन के राहत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिल्ली में बीएस-3 पेट्रोल अउर बीएस-4 डीजल कार पर लागल प्रतिबंध हटा लिहल गइल बा। एसे दिल्ली में पंजीकृत पांच लाख वाहन मालिकन के राहत मिली। वायु प्रदूषण में बढ़ोतरी के बाद गंभीर स्तर पर पहुंचले के बाद केंद्रीय वायु गुणवत्ता आयोग (सीएक्यूएम) के निर्देश पर अइसे वाहन के चलले पर पाबंदी लगावल गइल रहे।

दिल्ली सरकार के एगो अधिकारी के मुताबिक सोमार से बीएस-3 पेट्रोल अउर बीएस-4 डीजल वाहन सड़क पर चल सकी। पाबंदी लगावे के बाद से लगातार टैक्सी यूनियन के तरफ से सरकार से पाबंदी के हटावले के मांग कइल जात रहल। दिल्ली में पांच लाख से अधिक बीएस-3 पेट्रोल अउर बीएस-4 डीजल वाहन पंजीकृत बा।

गौरतलब बा कि दिल्ली में हवा के स्तर अब भी खराब बा। पराली दिल्ली के हवा के खराब कs रहल बा। केंद्र के वायु मानक संस्था सफर इंडिया के मुताबिक, बीते 24 घंटे में पराली जरवले से दिल्ली-एनसीआर के प्रदूषण में एकर हिस्सेदारी 24 फीसदी रहल रहे। उहवें, पीएम 2.5 से बड़ कण के पीएम 10 में 57 फीसदी हिस्सेदारी रहल। पीएम 10 के स्तर 220 अउर पीएम 2.5 के स्तर 122 माइक्रोग्राम प्रतिघन मीटर रिकॉर्ड कइल गइल। सामान्य तौर पर पीएम 2.5 के स्तर 60 अउर पीएम 10 के स्तर 100 माइक्रोमीटर से कम होखले पर सुरक्षित श्रेणी में मानल जाsला।

पंजाब में जरत रहे सबसे अधिका पराली

भारतीय कृषि अनुसंधान संस्थान के मुताबिक, पराली जरले के सबसे अधिक घटना पंजाब में दर्ज हो रहल बा। बीतल 24 घंटा में पंजाब में 2175 जगह पर पराली जरले के घटना दर्ज भइल बा। उहवें हरियाणा में 132, उत्तर प्रदेश में 102, मध्यप्रदेश में 773 अउर राजस्थान में 63 जगह पर पराली जरले के घटना रिकॉर्ड कइल गइल बा।

दिल्ली में एक्को जगही पर पराली नइखे जरल। मौसम विशेषज्ञन के कहनाम बा कि एक ओर पराली जरत बा अउर दूसरे ओर हवा भी उत्तर-पश्चिम के दिशा से आ रहल बा। हालांकि, स्थानीय स्तर पर बनल अनुकूल मौसमी परिस्थिति के वजह से दिल्ली-एनसीआर के हवा अधिक नाइ बिगड़त बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]