बैद्यनाथ ज्योतिर्लिंग के दर्शन पटना से फ्लाइट जा सकी लो तीर्थ यात्री, जानीं केतना के होई टिकट

Anurag Ranjan

बैद्यनाथ ज्योतिर्लिंग के दर्शन करे जाये वाला यात्रियन खातिर एगो निम्मन खबर बा। 30 अक्टूबर से देवघर एयरपोर्ट से पटना तक विमान सेवा शुरू होखे के संभावना बा। डीजीसीए (डायरेक्टरेट जेनरल ऑफ सिविल एविएशन) देवघर से पटना अप-डाउन उड़ान के अनुमति एयरपोर्ट अथॉरिटी ऑफ इंडिया को दे देले बा।  देवघर से पटना हवाई सेवा शुरू करे के तइयार भइल बा। डीजीसीए से जारी शड्यिूल के मोताबिक सबेरे 11:05 बजे पटना एयरपोर्ट से 72 सीटर यात्री विमान टेकऑफ करी आ दुपहरिया के 12:10 बजे बजे देवघर एयरपोर्ट पर लैंड करी। ओहिजा वापसी में ई फ्लाइट 12:30 बजे देवघर एयरपोर्ट से टेकऑफ करी आ 1:35 बजे पटना एयरपोर्ट प उतरी। ई फ्लाइट सप्ताह में चार दिन उड़ी। बाकिर हफ्ता में कवन-कवन दिन ई  फ्लाइट होई, एकर अधिकारिक घोषणा नइखे भइल। ई विमान सेवा ‘उड़ान प्रोजेक्ट’ के तहत होई। विमान के किराया के बारे में अभी जानकारी नइखे दिहल गइल। बतावल जा रहल बा कि 30 से विमान शुरू होई। आधिकारिक घोषणा के बाद विमान के किराया बतावल जा रहल बा।

रांची-देवघर हवाई सेवा प चल रहल बा बातचीत

रांची-देवघर हवाई सेवा में समय परिवर्तन के लेके एयरलाइंस कंपनी, एयरपोर्ट अथॉरिटी ऑफ इंडिया आ डीजीसीए के बीच अभी उच्चस्तरीय बातचीत चल रहल बा। बतावल जा रहल बा कि डीजीसीए रांची-देवघर फ्लाइट शुरू करे खातिर एयरलाइंस कंपनी के जवन स्लॉट देले बा ओमे पांच बजे देवघर से टेकऑफ के समय बा। सांझ में सनसेट के समस्या के देखत एयरलाइंस कंपनी एहपर आपत्ति जतवले बिया। एकरा बाद यात्रियन के सेफ्टी के ख्याल से समय में परिवर्तन करे खातिर उच्चस्तरीय वार्ता चल रहल बा।

पीएम कइलें रहलें देवघर एयरपोर्ट के उद्घाटन

हाले में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी उड़ान योजना के तहत देवघर एयरपोर्ट के उद्घाटन कइले रहस। एयरपोर्ट के उद्घाटन करे खातिर ऊ खुद उहा गइल रहस। एह दौरान ऊ मंदिर में पूजा कइलें रहस।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।