[the_ad_group id="30365"]

Surya Grahan 2022: पटना में सांझ के 4.32 से 5.13 के बीच रहल सूर्यग्रहण, ग्रहण खतम होखते खुलल मंदिर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Surya Garhan 2022: पटना में मंगर के आंशिक सुर्यग्रहण रहल। ई सांझ 4 बजकर 32 मिनट से 5 बजके 13 मिनट के बीच रहल। एह दौरान श्रद्धालु लोग भगवान श्री हरि के मानसिक जप कइलें। सूर्य ग्रहण के ठीक 12 घंटे पहिले सूतक लाग जाला।

पटना में सूतक सबेरे 4.32 से लाग गइल। एह दौरान पूजा पाठ ना कइल गइल। शहर के तमाम मंदिरन के पट बंद रहल। कइयन जगहन प दीपावली के मवका प पूजा पंडाल में मां लक्ष्मी, गणेश के प्रतिमा स्थापित कइल गइल रहे। सूतक आ सूर्य ग्रहण लगला के कारण प्रतिमा के मुंह ढंक दिहल गइल रहे।

सूर्य ग्रहण समाप्त होखला के बाद मंदिरन के धोवला आ भगवान के प्रतिमन के शुद्ध क के श्रद्धालुअन के खातिर मंदिरन के खोलल गइल। सूर्य ग्रहण के कारण महावीर मंदिर के पट बंद रहल। सूर्यग्रहण के बाद मंदिर पूरा तरे धोके सांझ साढ़े छव बजे मंदिर श्रद्धालुअन खातिर खोलल गइल। गृहस्थ लोग सूर्यग्रहण के बाद शुद्धता के खातिर नहा धोआके के चाउर, नमक, आलू, दाल, हल्दी, द्रव्य आदि दान के वस्तु छूके दान कइल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]