‘बधाई दो’ के गति भइल मद्धिम

Share

भूमी पेडनेकर अउर राजकुमार राव्के फिलिम ‘बधाई दो’ के रिलीज भइले पाँच दिन हो गइल अउर एन्ना दिन में फिलिम लमसम ११ करोड़ कमा लेहले बिया| ‘बधाई दो’ सिलेमाघर में मद्धिम सुरुआत देहलस| इहो बात देखल गइल की बेलेन्टाइन डे पs एकरे कमाई मे उछाल देखल गइल|  ए चार दिन में ई कुल ९.५ करोड़ कमइलस|

 

इतना रहल पाँचवे दिन के कलेक्सन 

ई फिलिम बेलेंटाइन डे के अगिले दिन मने १५ फरवरी के लमसम १.५ करोड़ रुपया के कलेक्सन कइलस| ‘बधाई दो’ के सुरुआत १.५ करोड़ से भइल| अपना हप्ता के आखिरी में ‘बधाई दो’ लमसम ७.८२ करोड़ रुपया एकट्ठा कइलस जौन उम्मीद से नगदे कम बा|

 

दर्शकन के पसन्न पड़sता ‘बधाई हो’

फिलिम के समीक्षक अउर देखे आला लोग नगदे सराहता लेकिन कोरोना के डर के चलते लोग अभिन सिलेमाहाल में गइले से भरकsता| उम्मीद कइल जाता कि ई फिलिम जल्दिये ओटीटी पs भी रिलीज होई|

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-