[the_ad_group id="30365"]

Bappi Lahiri: बप्पी लहरी के निधन, मुंबई के क्रिटी केयर अस्पताल में लेले अंतिम सांस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सुप्रसिद्ध म्यूजिक डायरेक्ट बप्पी लहरी के निधन हो गइल बा। आज भोर में मुंबई के जुहू इस्थित क्रिटी केयर अस्पताल में उहाँ के अंतिम सांस लेनी हs। बतावल जा रहल बा कि तबीयत खराब होखला के बाद उहाँ के मंगर के भरती कइल गइल रहे।

बप्पी दा पिछिला साल कोविड पॉज़िटिव हो गइल रहस। ओकरा बाद उहाँ के मुंबई के ब्रीच केंडी अस्पताल में भरती करावल गइल रहे। म्यूजिक इंडस्ट्री में बप्पी लहरी के डिस्को किंग कहल जात रहे। उहाँ के असली नाव अलोकेश लाहिड़ी रहे। बप्पी लहरी म्यूजिक के संगे-संगे सोना पहिनले के अंदाज के वजहु से जानल जात रहल हs।

 

बिहने होई अंतिम संस्कार

बप्पी लहरी के परिवार के लोग बतावल हs कि उनकर अंतिम संस्कार बिहने कइल जाई। उनकर बेटा अभी अमेरिका में बाड़े आ ऊ बिहने दुपहरिया ले मुंबई पहुंचिहे। एकरा बाद उनकर अंतिम संस्कार कइल जाई।

 

बप्पी दा के रहे अइसन बेमारी जवन सांस लेवल मुसकिल कs देत रहे…

बप्पी लहरी के निधन के बाद जुहू के क्रिटी केयर अस्पताल के डॉक्टर आधिकारिक बयान जारी कइले हs। बप्पी दा OSA- ओब्सट्रक्टिव स्लीप एप्रीया आ बेर-बेर छाती में दरद संक्रमण से पीड़ित रहले हs। एह बेमारी में रात के सुतला घरी नाक से सांस लेवे में बहुते दिक्कत होला काहेकि एमे मुंह आ नाक के ऊपर के हिस्सा में हवा भर जाला। एसे सांस लेवे में खातिर हवा के फेफड़ा ले पहुँचे के रास्ता बहुत पातर हो जाला।  कव बेर एह बेमारी से सांस लेवल मुसकिले ना असंभव हो जाला। ई बेमारी नाक के लगभग बन कs देला। मुंहों से सांस लेवे में दिक्कत होखे लागेला।

 

बप्पी दा के इलाज डॉ॰ दीपक नामजोशी कइले। इनका संगे ऊ 29 दिन ले जुहू के क्रिटी केयर अस्पताल में भरती रहले। ओकरा बाद 15 फरवरी के डिस्चार्ज कs दिहल गइल रहे। बाक़िर घर पs तबीयत फेर से बिगड़ गइल आ उहाँ के गंभीर हालत में अस्पताल दोबारे ले आवल गइल जहां 11:45 बजे उनकर मिरतू हो गइल। ऊ पिछिला एक बरिस से OSA से पीड़ित रहले हs।

 

प्रधानमंत्री देनी श्रद्धांजली

पीएम मोदी बप्पी दा के श्रद्धांजली देत लिखले- बप्पी लहरी जी के संगीत सभे ला रहे, उ हर भावना के खूबसूरती से व्यक्त करेला। हर जेनेरेसन के लोग उनका काम से लगाव महसूस करत रहे। उनकर खुसनुमा स्वभाव सभे के इयाद रही। उनका परिवार आ प्रशंसक लोग ला संवेदना।

साभार: भास्कर 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]