अयोध्या। यूपी के अयोध्या में भव्य वैक्स म्यूजियम के श्रद्धालुआ पर्यटकन खातिर अक्तूबर में लोकार्पित कइल जाये के तइयारी बा। ई म्यूजियम परिक्रमा मार्ग पs 10 हजार वर्ग फीट क्षेत्र में बन रहल बा।
एह म्यूजियम में श्रीराम सहित रामायण के 50 प्रमुख पात्रन के मोम के पुतला प्रदर्शित कइल जाई, जवन इतिहास आ संस्कृति के जीवंत अनुभव प्रदान करी। एह परियोजना पs अभी ले 7.5 करोड़ रुपिया खर्च हो चुकल बा।
वैक्स म्यूजियम के निर्माण से धार्मिक पर्यटन के बल मिली। परिक्रमा मार्ग पs बन रहल ई वैक्स म्यूजियम आधुनिक तकनीक आ कला के अनूठा संगम होई। एकरा में घुसतही पहि ले श्रीराम के मंदिर मिली।
अंदर रामायण के 50 प्रमुख पात्रन के मोम के पुतला प्रदर्शित कइल जाई। एमे श्रीराम, सीता, लक्ष्मण, हनुमान, सुग्रीव आ जटायु जइसन से पात्र सामिल होई लो। हर पुतला के एह तरे से डिजाइन कइल जा रहल बा कि उ जीवंत आ यथार्थवादी प्रतीत होखे। एह पुतलन के बनावे में महाराष्ट्र के एगो संस्था केरल के विशेषज्ञन के सेवा ले रहल बिया।
अयोध्या पहिलही से अपना धार्मिक आ सांस्कृतिक महत्व खातिर विख्यात बा। राम मंदिर, हनुमानगढ़ी, कनक भवन आ सरयू नदी के घाट हर साल लाखन श्रद्धालुअन के आकर्षित करेला।
बुनियादी ढांचा के विकास तेजी से हो रहल बा
कमिश्नर राजेश कुमार बतवलें कि अयोध्या के विश्वस्तरीय धार्मिक आ सांस्कृतिक केंद्र बनावे के दिशा में वैक्स म्यूजियम एगो आउर डेग बा। अबकी बेर वैक्स म्यूजियम के उद्घाटन दीपोत्सव के आउर यादगार बना दी। इहां सड़कन के चौड़ीकरण, सरयू नदी के घाटन के सुंदरीकरण आ आउर बुनियादी ढांचा के विकास तेजी से हो रहल बा।
ऑडियो-विजुअल प्रभाव आ इंटरैक्टिव डिस्प्ले के होई उपयोग
म्यूजियम में रामायण के राम-रावण युद्ध, सीता हरण, हनुमान के लंका यात्रा आ राम-सेतु निर्माण जइसन प्रमुख प्रसंगन के दृश्यात्मक रूप से प्रस्तुत कइल जाई। एह दृश्यन के देखके आगंतुकन के अइसन प्रतीत होइ, जइसे उ रामायण काल में पहुंच गए होखे। म्यूजियम में आधुनिक तकनीक जइसे ऑडियो-विजुअल प्रभाव आ इंटरैक्टिव डिस्प्ले के उपयोग कइल जाई।
ई परियोजना पीपीपी मॉडल पs संचालित बा। एकरा के दीपोत्सव के अवसर पs आम जनता खातिर खोले के योजना बा। नगर आयुक्त जयेंद्र कुमार बतवलें कि एकरा निर्माण के नगर निगम के ओर से लगातार मॉनीटरिंग कइल जा रहल बा। वैक्स म्यूजियम म्यूजियम के बनला से अयोध्या के सांस्कृतिक विरासत के नया आयाम मिली।
Read Also: UP IPS Transfer : यूपी में पांच आईपीएस अफसरन के तबादला, एह अफसरन के तैनाती में कइल गइल बदलाव