UP IPS Transfer : यूपी में पांच आईपीएस अफसरन के तबादला, एह अफसरन के तैनाती में कइल गइल बदलाव

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 26, 2025

लखनऊ। उत्तर प्रदेश में मंगर के पांच आईपीएस अफसरन के तैनाती में फेरबदल (UP IPS Transfer) कइल गइल बा। आईपीएस एमके बशाल के पुलिस महानिदेशक/महासमादेष्टा, होमगार्ड लखनऊ के पद पs तैनाती दिहल गइल बा। उ

Share

लखनऊ। उत्तर प्रदेश में मंगर के पांच आईपीएस अफसरन के तैनाती में फेरबदल (UP IPS Transfer) कइल गइल बा। आईपीएस एमके बशाल के पुलिस महानिदेशक/महासमादेष्टा, होमगार्ड लखनऊ के पद पs तैनाती दिहल गइल बा। उ अभी तक यूपी पॉवर कारपोरेशन लिमिटेड में पुलिस महानिदेशक के पद पs कार्यरत रहस।

जय नरायन सिंह के यूपी पॉवर कारपोरेशन लिमिटेड में अपर पुलिस महानिदेशक के पद पs नियुक्ति दिहल गइल बा। उ अभी तक सीतापुर में अपर पुलिस महानिदेशक, पीटीसी के पद पs कार्यरत रहस।

प्रशांत कुमार अपर पुलिस महानिदेशक, प्रशासन, उत्तर प्रदेश के संगे-संगे अपर पुलिस महानिदेशक पुलिस आयुक्त के जिम्मेदारी दिहल गइल बा। उ अभी तक अपर पुलिस महानिदेशक प्रशासन के पद पर कार्यरत रहस।

एही तरे उपेंद्र कुमार अग्रवाल के पुलिस महानिरीक्षक अभिसूचना के पद पs नियुक्ति दिहल गइल बा। उ अभी तक पुलिस महानिरीक्षक, पीएसी के पद पs तैनात रहस।

सतेंद्र कुमार के पुलिस उपमहानिरीक्षक, पीएसी, अनुभाग आगरा के पद पs नियुक्त कइल गइल बा। उ अभी तक पुलिस उपमहानिरीक्षक के रूप में प्रतीक्षारत रहस।

Read Also: Jammu and Kashmir: डोडा में बादल फटल, 10 से जादे घर तबाह; अब तक तीन लोगन के मौत

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.