बतावल जा रहल बा कि जनवरी 2024 से श्रद्घालु रामलला के दर्शन कs सकिहें। एही टाइमलाइन के ध्यान में रख के निर्माण कार्य कइल जा रहल बा।
कुछ तस्वीर 25 नवंबर के जारी कइल गइल रहे। जेमें दिखावल जा रहल बा कि मंदिर निर्माण खातिर तराशल गइल खम्हा के लगावल जा रहल बा। एह तस्वीरन के चंपत राय 25 नवंबर के अपने ट्विटर अकाउंट से शेयर कइले रहनें।
मंदिर निर्माण खातिर खम्हा के तराशे के काम 1992 से ही कइल जा रहल बा। अब उनकर इस्तेमाल हो जाई।
श्रीराम जन्मभूमि तीर्थ क्षेत्र ट्रस्ट के सोशल मीडिया अकाउंट से समय-समय पर मंदिर निर्माण के तस्वीर जारी कइल जात रहल बा।
Comments are closed.