[the_ad_group id="30365"]

दलाई लामा के कुशीनगर बोलवले के दिहल जाई नेवता, बोधगया जइहें मीले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कुशीनगर स्थित तिब्बती मंदिर में शनिचर के भिक्षु संघ के बैठक भइल। एहमें विश्व शांति पुरस्कार विजेता दलाई लामा के कुशीनगर बोलावे खातिर नेवता देहले के निर्णय लिहल गइल।

भिक्षु संघ के अध्यक्ष एबी ज्ञानेश्वर कहनें कि दलाई लामा के कुशीनगर अइले के नेवता देवे खातिर कुशीनगर भिक्षु संघ के टीम बोधगया जाई। ऊ कहनें कि उनके अनुयायियन से मैत्रेय के खाली पड़ल भूमि पर कुशीनगर के पर्यटन विकास खातिर कौनो योजना उतारे के भी मांग करिहें। तिब्बती मंदिर के प्रबंधक लामा कोंचोक कहनें कि दलाई लामा कुशीनगर अइले के इच्छा जाहिर कs चुकल बानें। ऊ बोधगया में 22 से 19 जनवरी ले मौजूद रहिहें।

प्रशासन के निर्देश पs कुशीनगर स्थित सभी बुद्ध मंदिरन के ओर से दलाई लामा के चिट्ठी भेजल जा रहल बा। बैठक के संचालन टीके राय कइलें। एह दौरान भंते महेंद्र, भंते नंदरतन, अंबिकेश त्रिपाठी, सुबोध कुमार शर्मा आदि लोग मौजूद रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]