[the_ad_group id="30365"]

श्रृंगार गौरी- ज्ञानवापी मामिला में सुनवाई आजु, हाईकोर्ट के आदेश पs जिला कोर्ट करी सुनवाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

श्रृंगार गौरी-ज्ञानवापी मामिला में आजु वाराणसी कोर्ट में सुनवाई होई। हाईकोर्ट के आदेश पs ज्ञानवापी से जुड़ल याचिका पs जिला कोर्ट सुनवाई करी। दरअसल, ज्ञानवापी से संबंधित 7 मुकदमा के जिला जज के अदालत में टीपी यानी ट्रांसफर एप्लीकेशन पs सुनवाई होई। जेमें 6 सिविल जज सिनियर अउर 1 केस किरण सिंह के फास्ट ट्रेक कोर्ट के केस चल रहल बा।

हिंदूअन के ज्ञानवापी सौंपे अउर मुस्लिमन के प्रवेश पर रोक वाले किरण सिंह के केस में हिंदू पक्ष पहिलही टीपी पs आपत्ति दाखिल कs चुकल बा। एहलिए आजु एह मामिला के फास्ट ट्रेक कोर्ट से केस के जिला जज के अदालत में ट्रांसफर कइल गइले पर जिला जज अजय कृष्ण विश्वेश के अदालत में सुनवाई होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]