Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

30 आ 31 जनवरी के चली अयोध्या धाम-आजमगढ़ इंटर-सिटी स्पेशल: भगवान राम के दर्शन करावे खातिर पूर्वोत्तर-रेलवे कइलस पहल

207
Google Ads 300*250 for posts

अयोध्या में भगवान राम के दर्शन करावे खातिर अयोध्या धाम-आजमगढ़ वाया गोरखपुर इंटरसिटी स्पेशल ट्रेन 30 आ 31 जनवरी के चली। एकरा चलला से आजमगढ़, मऊ, देवरिया, गोरखपुर, संतकबीर नगर आ बस्ती के श्रद्धालुअन के अयोध्या जाए में सहूलियत मिली। पूर्वोत्तर रेलवे के CPRO पंकज कुमार सिंह बतवलें कि अयोध्या जाये वाला श्रद्धालुअन के भीड़ के देखत ट्रेन के संचालन कइल जा रहल बा। जल्दिये आस्था स्पेशल ट्रेन चलावल जाई।

30 जनवरी के 05001/05002 आजमगढ़-अयोध्या धाम-आजमगढ़ इंटरसिटी स्पेशल ट्रेन आजमगढ़ से 6:15 बजे चल के 7:20 बजे मऊ से, भटनी से 9:00 बजे, गोरखपुर से 10:45 बजे आ मनकापुर से 12:47 बजे छूटके अयोध्या धाम 13:50 बजे पहुंचल।

31 जनवरी के एही शेड्यूल से चली ट्रेन

वापसी यात्रा में 05002 अयोध्या धाम-आजमगढ़ इंटरसिटी स्पेशल ट्रेन अयोध्या धाम से 16:10 बजे चल के मनकापुर से 17:07 बजे, गोरखपुर से 19:20 बजे, भटनी से 21 बजे और मऊ से 22:15 बजे छूटके आजमगढ़ 23:15 बजे पहुंची। 31 जनवरी के ट्रेन एही शेड्यूल से चली।

मेमू रैक से चलावल जाई ट्रेन

05001/05002 आजमगढ़-अयोध्या धाम इंटरसिटी स्पेशल ट्रेन मेमू रेक से चलावल जाई। एसे ट्रेन में यात्रियन के बइठला के संगही आपम्न्य सामान रखहूं के जगह मिली। ओहिजा मेमू रैक होखला के वजह से ट्रेन के रफ्तारो आउर ट्रेनन के मुकाबले जादे होई। CPRO बतवलें कि गोरखपुर के रास्ते चले वाला ट्रेन से जादे संख्या में श्रद्धालु अयोध्या पहुंच सकेम।

723360cookie-check30 आ 31 जनवरी के चली अयोध्या धाम-आजमगढ़ इंटर-सिटी स्पेशल: भगवान राम के दर्शन करावे खातिर पूर्वोत्तर-रेलवे कइलस पहल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.