Axiom-4 Mission: अंतरिक्ष से धरती पs 14 जुलाई के लवटिहें शुभांशु शुक्ला, नासा कइलस एलान

Share

नई दिल्ली। नासा बिअफे के बतवलस कि अंतरिक्ष यात्री शुभांशु शुक्ला आ एक्सिओम-4 मिशन के तीन गो आउर सदस्य 14 जुलाई के अंतरराष्ट्रीय अंतरिक्ष स्टेशन से धरती खातिर रवाना होई लो।

नासा के वाणिज्यिक यात्रा कार्यक्रम के प्रबंधक स्टीव स्टिच बतवलें कि हमनी के वापसी पs काम करत बानी सs आ एक्सिओम-4 के प्रगति पऽ बारीकी से नजर रखत बानी सs। हमनी के लागत बा कि हमनी एह मिशन के अनडॉक करावे के होई। अनडॉक कइला के वर्तमान तारीख 14 जुलाई बा।

एक्सिओम-4 यात्री 230 सूर्योदय देखल, एक करोड़ किलोमीटर के यात्रा कइल

अंतरिक्ष यात्री शुभांशु शुक्ला आ उनकर एक्सिओम-4 दल दु हफ्ता के अवधि में अंतरराष्ट्रीय अंतरिक्ष स्टेशन (आइएसएस) पऽ 230 सूर्योदय देखल आ लगभग एक करोड़ किलोमीटर के यात्रा कइल।

शुभांशु शुक्ला, पैगी व्हिटसन, स्लावोज उज्नान्स्की-विस्नीवस्की आ टिबोर कापू सहित एक्सिओम-4 के चालक दल बियफे के आइएसएस पऽ आपन अंतिम अवकाश दिवस बितावल।

एक्सिओम स्पेस जारी कइलस बयान

एक्सिओम स्पेस एगो बयान में कहलस कि पृथ्वी से लगभग 250 मील दूर चालक दल आपन खाली समय तस्वीर लिहल आ वीडियो बनावल, ग्रह के नजारा देखनल लो आ प्रियजन से फेर से जुड़े में बितावल। एसे ओह लोगन के अपना रोज के प्रयोग से कुछ विराम मिलल।

एह क्षेत्रन में 60 से ढेर प्रयोग कइल गइल

एक्सिओम-4 के अंतरिक्ष यात्री जैव चिकित्सा विज्ञान, तंत्रिका विज्ञान, कृषि आ अंतरिक्ष प्रौद्योगिकी में 60 से जादे प्रयोग कइल। ई एक्सिओम स्पेस के निजी अंतरिक्ष यात्रियन द्वारा अब तक कइल गइल सबसे अत्याधुनिक अनुसंधान हs। ई अनुसंधान मानव अंतरिक्ष अन्वेषण आ पृथ्वी पऽ जिनगी के भविष्य बदल सकेला। एमे मधुमेह आ कैंसर के नयका उपचार आ मानव स्वास्थ्य के बेहतर निगरानी जइसन क्षेत्रन में सफलता मिल सकेला।

Read Also: गुरुग्राम: टेनिस खिलाड़ी राधिका यादव के गोली मारके हत्या, पिता देलें घटना के अंजाम; वजह आइल सामने

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-