[the_ad_group id="30365"]

“व्हीकल आई सेंसर” सिस्टम से सड़क दुर्घटनन पs लागी राेक

“व्हीकल आई सेंसर” सिस्टम से सड़क दुर्घटनन पs लागी राेक
[the_ad_placement id="above-content"]

Share


गोरखपुर : ढंडा के मौसम में कोहरा के कारण सड़कन पs होखे वाला वाहन दुर्घटनन पs अब आसानी से लगाम लगावल जा सकी। एकरा के लेके आईटीएम गीडा के बीसीए सेकंड ईयर के तीन छात्र आदित्य, मेराज आ आरुषि मिलके “व्हीकल आई सेंसर” नामक एगो विशेष उपकरण तइयार कइले बा लो। ई उपकरण ठंडा के मौसम में कोहरा के कारण होखे वाली दुर्घटनन के रोके में मदद करी।

एह सेंसर के कॉलेज के इनोवेशन लैब में तइयार कइल गइल बा। एकर उद्देश्य सड़क पs एलपीजी, पेट्रोल आ आउर वाहनन के बीच टक्कर के रोकल बा। जदि एलपीजी टैंकर कहीं से लीक होत बा तs ई डिवाइस फायर ब्रिगेड आ आउर बचाव दल के टैंकर के लोकेशन के संगे तुरंत आपातकालीन सूचना भेज दी।

अल्ट्रासोनिक सेंसर तकनीक के भइल बा उपयोग

छात्र लोग बतावल कि “व्हीकल आई सेंसर” के बनावे में अल्ट्रासोनिक सेंसर तकनीक के उपयोग कइल गइल बा। एकरा के कवनो गाड़ी, जइसे कार, ट्रक भा टैंकर के आगे आ पीछे लगावल जा सकत बा। जदि ड्राइवर के नीन आ जात बा आ गाड़ी के सोझा कवनो वाहन आवत बा तो ई डिवाइस तेज अलार्म बजाके ड्राइवर के सतर्को करी। संगही गाड़ी पs ऑटोमैटिक ब्रेक लाग जाई।

मेराज बतवलें कि हाईवे पs ड्राइवरन के नीन अइला के कारण कइयन गो दुर्घटना होला। हमनी के ई डिवाइस अइसन दुर्घटनन के रोके में मददगार होई। एकरा अलावे, जदि कवनो टैंकर से एलपीजी भा ज्वलनशील पदार्थ लीक होत बा, तs ई अलार्म बजाके सभे के सतर्क कs दी।

जयपुर गैस टैंकर दुर्घटना से आइल विचार

छात्रा आरुषि श्रीवास्तव बतवली कि एह प्रोजेक्ट के बनावे के विचार उनका जयपुर में भइल एगो गैस टैंकर दुर्घटना से आइल। उनकर कहनाम बा कि भविष्य में अइसन दुर्घटनन के रोके खातिर सड़कन पs चले वाला गैस, एलपीजी आउर पेट्रोल टैंकरन के टेक्नोलॉजी से लैस कइल जरूरी बा। संस्थान के निदेशक डॉ. एनके सिंह छात्रन के एह प्रयास के प्रशंसा करत उनका उज्ज्वल भविष्य के कामना कइलें।

 Read Also: Gorakhpur News: किराना दुकान पs बदमाशन के फायरिंग, बाल-बाल बचल दुकानदार

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]