By using this site, you agree to the Privacy Policy and Terms of Use.
Accept
खबर भोजपुरी
  • देस-बिदेस
  • राजनीति
    • राजनीतिक सरगर्मी
  • खेल
    • क्रिकेट
    • फुटबॉल
    • कब्बड्डी
    • हॉकी
    • बैडमिंटन
  • टेक्नोलॉजी
    • गैजेट
    • मोबाइल
    • लैपटॉप
    • आविष्कार
    • ऊर्जा
  • धरम-करम
    • तीर्थ स्थल
    • त्यौहार
    • मान्यता
    • अंधविश्वास
    • राशिफल
  • मनोरंजन
    • सिनेमा
    • सीरियल
    • संगीत
    • डॉक्यूमेंट्री
    • वेब सीरीज
    • वीडियो
    • शार्ट स्टोरीज
  • लाइफस्टाइल
    • सेहत
    • योग
    • व्यायाम
    • आयुर्वेद
    • ब्यूटी टिप्स
    • खानपान
    • रोग एवं उपचार
    • घरेलू उपचार
  • व्यापार
    • अर्थव्यवस्था
    • शेयर बाजार
    • पूंजी
    • निवेश
    • रियल एस्टेट
    • डिजिटल मुद्रा
    • उधार
  • शासन-प्रशासन
    • अपराध
    • कानून
    • दुर्घटना
    • सामाजिक योजना
  • साहित्य
    • उपन्यास
    • कविता
    • कहानी
  • पर्यटन स्थल
  • स्पेशल स्टोरी
  • विविध
खबर भोजपुरीखबर भोजपुरी
Font ResizerAa
Search
  • देस-बिदेस
  • राजनीति
  • खेल
  • टेक्नोलॉजी
  • धरम-करम
  • मनोरंजन
  • लाइफस्टाइल
  • व्यापार
  • शासन-प्रशासन
  • साहित्य
  • पर्यटन स्थल
  • स्पेशल स्टोरी
  • विविध
Made by ThemeRuby using the Foxiz theme. Powered by WordPress
शासन-प्रशासन

आदेश जारी: अवनीश अवस्थी बनले मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के सलाहकार, फरवरी 2023 तक एह पद पs बनल रहिहें

Anurag Ranjan
Last updated: September 16, 2022 10:23 pm
By Anurag Ranjan
Share
SHARE

सेवानिवृत्त आईएएस अधिकारी अवनीश कुमार अवस्थी के मुख्यमंत्री के सलाहकार बनावल गइल बा। एह संबंध में अपर मुख्य सचिव, नियुक्ति आ कार्मिक डॉ. देवेश चतुर्वेदी आदेश जारी कs देले बाड़ें। उनकर ई नियुक्ति 28 फरवरी 2023 तक खातिर सृजित सलाहकार, मुख्यमंत्री के अस्थायी पद पs कइल गइल बा।

विस्तार पावे के तमाम चरचा के बीचे 31 अगस्त के अवनीश अवस्थी सेवानिवृत्त हो गइल रहस। उप्र.एक्सप्र्रेसवेज इंडस्ट्रियल डेवलपमेंट अथॉरिटी (यूपीडा) समेत उनकर सब विभागन के कार्यभार प्रमुख सचिव, मुख्यमंत्री आ सूचना संजय प्रसाद के सौंप दिहल गइल रहे।

अवनीश अवस्थी के लगे गृह के अलावे गोपन, वीजा-पासपोर्ट, जेल प्रशासन एवं सुधार, सतर्कता विभाग, धर्मार्थ कार्य विभाग के जिम्मेदारी रहे। ऊ यूपीडा आ उप्र. स्टेट हाईवेज अथॉरिटी (उपशा) के सीईओ आ डीजी जेलो रहस। ऊर्जा विभाग के अतिरिक्त चार्ज उनके लगे रहे।

अवनीश अवस्थी मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के बहुते भरोसेमंद आ सबसे पावरफुल ब्यूरोक्रेट रहल बाड़ें। अवस्थी 1984 के बाद सबसे लमहर समे तीन वर्ष एक महीना तक गृह विभाग के मुखिया रहे के रिकॉर्ड बना गइले। उनकर कार्यकाल एक अगस्त, 2019 से 31 अगस्त, 2022 तक रहल। एकरा पहिले आरसी टकरू के कार्यकाल नवंबर 1980 से मार्च 1984 तक के रहे।

अवस्थी के सेवानिवृत्त होखला के बाद उनका सम्मान में पुलिस विभागो के ओर से विदाई सम्मान समारोह के अयोजन कइल गइल रहे। लखनऊ के सप्रू मार्ग स्थित पुलिस ऑफिसर्स मेस में अवस्थी के सम्मान में कार्यवाहक डीजीपी देवेंद्र सिंह चौहान के ओर से ई आयोजन कइल गइल। एमे लखनऊ में नियुक्त एसपी से लेके एडीजी स्तर तक के अधिकारियन के आमंत्रित कइल गइल रहे।

TAGGED:Avnish AwasthiBhojpuri NewsCm Advisorpowerful buerocratyogi adityanath
Share This Article
Facebook Copy Link Print
ByAnurag Ranjan
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।

Related Stories

Uncover the stories that related to the post!
सामाजिक योजना

बंगरा पंचायत में ग्राम सभा के आयोजन, सभे जनप्रतिनिधि रहे लो उपस्थित

November 8, 2022

गोरखपुर : एगो लग्जरी कार में दु लोग आके कचौरी-जलेबी खा के फेर कुकुर चोरा के रफूचक्कर हो गईले

March 20, 2023
टटका न्यूज़बड़ी खबरेंराजनीति

सीएम योगी 2 मार्च के अइहें गोरखपुर, 1007 करोड़ के प्रोजेक्ट गिफ्ट करीहें

February 29, 2024
अपराध

‘बेचारा DGP दु महीना में रिटायर होखे वाला बाडें..’, नीतीश कुमार फर्जी फोन कॉल ममिला में का कहले ?, जानीं 

October 21, 2022
राशिफल

08 फरवरी 2023 के राशिफल

February 8, 2023
विविध

Hand Brake: कार के पार्क करत घरी हैंडब्रेक खींचला से गाड़ी हो जाला खराब? जानीं एह दावा के सच्चाई

July 10, 2024
राजनीतिक सरगर्मी

पटना में 1 जून के वोटर्स खातिर खास ऑफर: मूवी टिकट पs 50% के डिस्काउंट, जिम आ रेस्टोरेंट में मिली छूट

May 17, 2024
अपराध

सीतापुर में BJP नेता के गाड़ी कांवड़ियन के रौंदलस, एगो लईकी के मउत, तीन गो घायल

August 5, 2024
Show More
खबर भोजपुरी

“खबर भोजपुरी डॉट कॉम” उ ठेहा हs, जवना के सुरुआत बरिस 2016 में भइल। सुरुआत के बेरे से ‘खबर भोजपुरी’ हर खबर रउआ सभन तक राउरे भाषा ‘भोजपुरी’ में पहुँचावे खातिर समर्पित रहल बा।
हमनी के उद्देश्य भोजपुरी भाषा के ओकर मान-सम्मान दिलावे के संगे-संगे भोजपुरिया झेत्र के समस्या के सभका तक पहुँचावे के बा जवना से ओकर समाधान मिल सको।

Quick Links

  • About
  • Advertisement
  • Career
  • Write for us
  • Contact

About US

  • About
  • Advertisement
  • Career
  • Write for us
  • Contact
2024- All Rights Reserved. Khabar Bhojpuri. Website Created by and Maintanance by Cotlas Web Solution
Welcome Back!

Sign in to your account

Username or Email Address
Password

Lost your password?