बाफ्टा में जर्मन फिल्मन के रहल जलवा

Share

76 वां ब्रिटिश एकेडमी फिल्म पुरुस्कार (बाफ्टा) के विजेता लोगन के घोषणा हो गईल  बा। अवार्ड समारोह में जर्मन फिल्म ऑल द क्वाइट ऑन द वेस्टर्न फ्रंट फिल्म के बेसी जलवा रहे। ई फिल्म सबसे बेहतरीन फिल्म आ सर्वश्रेष्ठ डायरेक्टर समेत 7 गो केटेगरीयन में के पुरुस्कार अपना झोरा में झटक लेलस।

फिल्म एल्विस आ आयरिश फिल्म द बैंशीज ऑफ इनिशेरिन के चार-चार गो बाफ्टा अवार्ड  मिलल बा। ओहिजे बेहतरीन वृतचित्र के केटेगरी में नामित भारतीय फिल्म ‘ऑल दैट ब्रिदस’ बाफ्टा से चूक गईल । एह कटेगरी में एह फिल्म के मुकाबला नैवल्नी,ऑल द ब्यूटी एंड द ब्लडशेड,फायर ऑफ लव आ मूनएज डेड्रीम से रहे, जवना में नैवल्नी एह कुल फिल्मन के पाछे छोड़त बाफ्टा पुरुस्कार अपना नावे कईलस

 

ऑस्टिन बटलर बनलें सर्वश्रेष्ठ अभिनेता 

पुरुस्कार समारोह में आस्टिन बटलर सर्वश्रेष्ठ अभिनेता के पुरस्कार अपना नावे कइले। फिल्म एल्विस में अभिनय करे खाती उनका के एह पुरुस्कार से नवाजल गइल। एह से पहिले उनका के एही फिल्म खाती ग्लोडेन ग्लोब अवॉर्ड मिल चूकल बा। ओहिजे केंट ब्लैंचेट के सर्वश्रेष्ठ अभिनेत्री के पुरुस्कार से नवाजल गइल।उनका के ई पुरुस्कार फिल्म “टार”खाती दिहल गइल

 

अवतार बनल सर्वश्रेष्ठ एनिमेटेड फिल्म

बॉक्स ऑफिस पs धूम मचवला के बाद निर्देशक जेम्स कैमरून के फिल्म  “अवतार: द वे ऑफ वाटर” बाफ्टा अवार्ड में सबसे बेहतरीन स्पेशल विजुअल इफेक्ट्स के खिताब अपना नावे कईलस।एह फिल्म के मुकाबला  ऑल क्वाइट ऑन द वेस्टर्न फ्रंट, एवरीथिंग एवरीवेयर ऑल एट वांस आ टॉम क्रूज के फिल्म टॉप गन:मेवरिक  से रहे।

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-