शिवसेना के उद्भव गुट मुसीबत कम होखे के नावे नईखे के लेत , चुनाव चिन्ह वाला मामिला अभी ठंडा ना भईल रहे कि अब नाया ममिला एगो सोझा आ गईल बा ।
चुनाव आयोग द्वारा शिव सेना के नाम आ चुनाव चिन्ह एकनाथ शिंदे गुट के दिहला के बाद उद्धव ठाकरे गुट के एगो अउरी बड़ झटका लागल बा। दरअसल संसद भवन में शिवसेना के आवंटित कार्यालयो एकनाथ शिंदे गुट के मिल गइल बा।
Shiv Sena: उद्धव ठाकरे गुट के लागल एगो अउरी बड़s झटका, संसद में शिवसेना के मिलल ऑफिस पs शिंदे गुट के कब्जा
Published on: Feb 21, 2023
संसद भवन में शिवसेना के मिलल कार्यालयो एकनाथ शिंदे गुट के मिल गइल बा। लोकसभा सचिवालय एकनाथ शिंदे गुट के शिवसेना कार्यालय देबे के आदेश दिहलस।
Share
दरअसल संसद भवन में शिवसेना के आवंटित कार्यालयो एकनाथ शिंदे गुट के मिल गइल बा । लोकसभा सचिवालय एकनाथ शिंदे गुट के शिवसेना कार्यालय आवंटित करे के आदेश देले बा। लोकसभा सचिवालय अपना आदेश में कहले बा कि संसद भवन के कमरा नंबर 128 शिव सेना संसदीय पार्टी के बतौर कार्यालय आवंटित कइल गइल बा। एह से पहिले एकनाथ शिंदे गुट के शिवसेना के नाव, चुनाव चिन्ह आ महाराष्ट्र विधानसभा में स्थित पार्टी कार्यालय पs कब्जा मिल चुकल बा। सोमार के एकनाथ शिंदे कहले रहले कि उ मुंबई स्थित शिवसेना भवन आ उद्धव ठाकरे गुट के अउरी संपत्तियन पs दावा ना करिहें। शिंदे कहले कि शिवसेना के नाम आ चुनाव चिन्ह उनका के योग्यता के आधार पs दिहल गइल बा। बाला साहेब ठाकरे के विचारधारा हमनी के संपत्ति बा। हम दोसरा के संपत्ति पs निगाह ना रखेले। शिंदे कहले कि करीब 76 फीसदी निर्वाचित सदस्य हमरा के समर्थन दे रहल बाड़े। हमरा लगे नाम आ चुनाव चिन्हो बा। अगर चुनाव आयोग विपक्षी गुट के नाम आ चुनाव चिन्ह देबे के आदेश दिहित तबो उ कवनो सवाल ना उठवते ।
Share this article






