Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Shiv Sena: उद्धव ठाकरे गुट के लागल एगो अउरी बड़s झटका, संसद में शिवसेना के मिलल ऑफिस पs शिंदे गुट के कब्जा

संसद भवन में शिवसेना के मिलल कार्यालयो एकनाथ शिंदे गुट के मिल गइल बा। लोकसभा सचिवालय एकनाथ शिंदे गुट के शिवसेना कार्यालय देबे के आदेश दिहलस।

482

शिवसेना के उद्भव गुट मुसीबत कम होखे के नावे नईखे के लेत , चुनाव चिन्ह वाला मामिला अभी ठंडा ना भईल रहे कि अब नाया ममिला एगो सोझा आ गईल बा ।

चुनाव आयोग द्वारा शिव सेना के नाम आ चुनाव चिन्ह एकनाथ शिंदे गुट के दिहला के बाद उद्धव ठाकरे गुट के एगो अउरी बड़ झटका लागल बा। दरअसल संसद भवन में शिवसेना के आवंटित कार्यालयो एकनाथ शिंदे गुट के मिल गइल बा। 

दरअसल संसद भवन में शिवसेना के आवंटित कार्यालयो  एकनाथ शिंदे गुट के मिल गइल बा । लोकसभा सचिवालय एकनाथ शिंदे गुट के शिवसेना कार्यालय आवंटित करे के आदेश देले बा। लोकसभा सचिवालय अपना आदेश में कहले बा कि संसद भवन के कमरा नंबर 128 शिव सेना संसदीय पार्टी के बतौर कार्यालय आवंटित कइल गइल बा। एह से पहिले एकनाथ शिंदे गुट के शिवसेना के नाव, चुनाव चिन्ह आ महाराष्ट्र विधानसभा में स्थित पार्टी कार्यालय पs कब्जा मिल चुकल बा। सोमार के एकनाथ शिंदे  कहले रहले कि उ मुंबई स्थित शिवसेना भवन आ उद्धव ठाकरे गुट के अउरी संपत्तियन पs दावा ना करिहें। शिंदे  कहले कि शिवसेना के नाम आ चुनाव चिन्ह उनका के योग्यता के आधार पs दिहल गइल बा। बाला साहेब ठाकरे के विचारधारा हमनी के संपत्ति बा। हम दोसरा के संपत्ति पs निगाह ना रखेले। शिंदे कहले कि करीब 76 फीसदी निर्वाचित सदस्य हमरा के समर्थन दे रहल बाड़े। हमरा लगे नाम आ चुनाव चिन्हो बा। अगर चुनाव आयोग विपक्षी गुट के नाम आ चुनाव चिन्ह देबे के आदेश दिहित तबो उ कवनो सवाल ना उठवते ।
एकनाथ शिंदे के नेतृत्व वाली शिवसेना मंगर के पार्टी के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बइठको बोलवले बाड़े। एह बईठक में शिंदे गुट के विधायक, सांसद आ अउरी अन्य नेता शामिल होइहें। चुनाव आयोग के फसिला के बाद जवना तरह से उद्धव ठाकरे लगातार शिंदे गुट पs हमलावर बा, आइसे में एह बईठक के जरिए एकनाथ शिंदे आपन ताकत देखा सकतs बाड़े । एह बइठक में शिंदे गुट शिवसेना के नएका कार्यकारिणीयो पs चर्चा कई सकतs बा।

466500cookie-checkShiv Sena: उद्धव ठाकरे गुट के लागल एगो अउरी बड़s झटका, संसद में शिवसेना के मिलल ऑफिस पs शिंदे गुट के कब्जा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.