[the_ad_group id="30365"]

दर्शक अनुपमा से ऊब गइलें त मेकर एगो बड़हन कदम उठवले, एह पुरान किरदार के फेर से एंट्री करा एगो नया मोड़ ले अइहें

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दर्शक अनुपमा से ऊब गइलें त मेकर एगो बड़हन कदम उठवले, एह पुरान किरदार के फेर से एंट्री करा एगो नया मोड़ ले अइहें

रुपाली गांगुली अभिनीत लोकप्रिय टीवी शो ‘अनुपमा’ पे पिछला कई दिन से लगातार चर्चा चलत बा | जबसे ई शो प्रसारित भइल तबसे टीवी टीआरपी के सूची में सबसे ऊपर रहल| बाकिर पिछला कई हफ्ता से एह शो के ट्रैक फिसलत लउकत बा जवना के चलते ना खाली टीआरपी में गिरावट आइल बलुक दर्शक निर्माता आ कलाकारन के भी ट्रोल कर रहल बाड़े | दर्शक एक तरह के एंगल से ऊब रहल बाड़े| एकरा चलते निर्माता रोज नया-नया मोड़ लेके आवत बाड़े। बाकिर दर्शक अबहियों संतुष्ट नइखे| एकरा के देखत अब शो के मेकर एगो नया कदम उठवले बाड़े।

‘‘अनुपमा’ (अनुपमा) के निर्माता एह शो के दर्शकन के जुड़ाव बढ़ावे खातिर एगो पुरान किरदार के वापस ले आवे के तइयारी कइले बाड़न | एह किरदार के वापस ले आवे खातिर एह शो में एगो बड़हन मोड़ बनावल गइल बा | दरअसल आजुकाल्हु शो में देखावल जा रहल बा कि अनुपमा के जिनिगी में हमेशा के तरह उथल-पुथल मचल बा| काहे कि उनकर पति अनुज कपाड़िया छोटकी अनु के असली माई मन्या के संगे रहे के फैसला कईले बान|

बाकिर अनुज कपाड़िया ई कठिन फैसला कवनो दोसरा कारण से कइले बाड़न | अनुज इ फैसला बेटी अनु के चलते ना बालुक एगो बेमारी के चलते कईले बाड़े। उनुका गंभीर बेमारी बा अउरी उनुका जिए में अभी कुछ साल बाचल बा। एही से ऊ चाहत बाड़न कि अनुपमा अउरी आत्मनिर्भर हो जास | अब एह दुनु के एकजुट करे खातिर एगो पुरान किरदार के फेर से ले आवल जा रहल बा|

 

अपूर्व अग्निहोत्री ‘अनुपमा’ में फेर से नजर अइहें

बॉलीवुड लाइफ के रिपोर्ट के मुताबिक अनुपमा में अपूर्व अग्निहोत्री के दूसरा एंट्री होई। एह शो में ऊ डॉ. अद्वैत के किरदार निभवले बाड़न| एक बेर फेरु एह किरदार में देखल जाई | उ अनुपमा के जीवन में बदलाव ले आवे के कोशिश करीहे। उ अनुज के गंभीर बेमारी से लड़े में मदद करीहे। साथही अनुपमा के एह बात के अहसास करावल जाई कि ऊ अनुज के सपोर्ट सिस्टम हई आ अनुज के एह बेमारी से ठीक होखे में मदद क सकेली |

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]