बाइक सवार पिता-पुत्र से लूट के कोसिस, चाकू से हमला: सीएसपी संचालक अपने बेटा संगे जात रहलें घर, रस्ता में घेरले सs अपराधी

Share

बाइक सवार पिता-पुत्र से लूट के कोसिस, चाकू से हमला: सीएसपी संचालक अपने बेटा संगे जात रहलें घर, रस्ता में घेरले सs अपराधी

गोपालगंज जिला के मीरगंज थाना क्षेत्र के नरैनिया ढाला के लगे अज्ञात बदमाश एगो बाइक सवार पिता-पुत्र के चाकू गोद देलें सs। एसे दुनो बुरा तरे जख्मी हो गइल लो। स्थानीय लोगन के मदद से दुनो के तत्काल इलाज खातिर सदर अस्पताल में भर्ती करावल गइल। जख्मियन के पहचान मीरगंज थाना क्षेत्र के हकीम टोला गांव निवासी जलेश्वर शर्मा के लईका धर्मेंद्र शर्मा आ धर्मेंद्र शर्मा के लईका प्रिंस कुमार शर्मा के रूप में कइल गइल।

बैंक ऑफ बड़ौदा सीएसपी के संचालन करत रहस 

जख्मी धर्मेंद्र शर्मा मीरगंज बाजार के लगे बैंक ऑफ बड़ौदा के सीएसपी के संचालन करत रहस। रोज के तरे ऊ सीएसपी के बंद कs के अपना बेटा प्रिंस के संगे बाइक से घर लवटत रहस। एही बीच जइसही ऊ मीरगंज थाना क्षेत्र के नरैनिया ढाला के लगे पहुंचलें, तबे पहिले से घात लगवले 4-5 बदमाश घेर लिहल लो आ लूटपाट के कोसिस कइले सs। शोर मचवला पs स्थानीय लोग आवे लागल। जवना के बाद आरोपी चाकू से हमला कs देलस आ लोगन के आते देख फरार हो गइल।

गंभीर इस्थिति के देखत गोरखपुर कइल गइल रेफर

पिता-पुत्र के इलाज खातिर हथुआ अनुमंडलीय अस्पताल ले जाइल गइल। जहां डॉक्टर प्राथमिक उपचार के बाद गोपालगंज सदर अस्पताल रेफर कइल गइल। सदर अस्पताल में इस्थिति में सुधार ना होत देख डॉक्टर बेहतर इलाज खातिर गोरखपुर रेफर कs दिहल गइल।

पुलिस ममिला के जांच सुरू कs देलस। मीरगंज थानाध्यक्ष विशाल आनंद कहलें कि दु लोगन के अज्ञात बदमाश चाकू मरले बाड़े सs। ममिला के जांच कइल जा रहल ना। बदमाशन के गिरफ्तारी खातिर छापेमारी कइल जा रहल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-