युवक के चाकू मारके कइल गइल घायल : गांव के लोगन से चलत रहे विवाद, चाकूबाजी से पहिले दुनो पक्षन में भइल मारपीट

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 20, 2024

गोपालगंज जिला के मांझागढ़ थाना क्षेत्र हिमतापुर गांव में आरोपी एगो युवक के चाकू से गोद देलस। जवना से ऊ बुरा तरे जख्मी हो गइल। जख्मी अवस्था में परिजन लोग इलाज खातिर गोपालगंज सदर अस्पताल

Share

गोपालगंज जिला के मांझागढ़ थाना क्षेत्र हिमतापुर गांव में आरोपी एगो युवक के चाकू से गोद देलस। जवना से ऊ बुरा तरे जख्मी हो गइल। जख्मी अवस्था में परिजन लोग इलाज खातिर गोपालगंज सदर अस्पताल के इमरजेंसी वार्ड में भर्ती करावल गइल, बाकिर इस्थिति के गंभीर देखत बेहतर इलाज खातिर गोपालगंज सदर अस्पताल से गोरखपुर रेफर कs दिहल गइल। फिलहाल युवक के इस्थिति गंभीर बनल बा। जख्मी युवक के पहचान मांझागढ़ थाना क्षेत्र के हिमतापुर गांव निवासी रविंद्र साह के बेटे गोलू कुमार के रूप में कइल गइल।

गांव के लोगन के संगे जमीन विवाद चलत रहे 

जख्मी गोलू के पिता रविंदर साह कहलें कि गांव के लोगन के संगे जमीन विवाद चलत रहे। जबरन आरोपी हमरा जमीन में हिस्सा मांगत रहे लो। इसको लेके कइयन बेर विवाद भइल बा। एकरा के लेके थाना में आवेदन दिहल गइल। बावजूद आरोपियन पs कवनो कार्रवाई ना भइल।

सुक के रात आरोपी घर पहुंचल आ मारपीट करे लागल। जवना के बाद घर से हम भाग गइनी। एही बीच हमार बेटा पहुंचल। आरोपी ओकरा पीठ में चाकू गोद देले सs। स्थानीय लोग आ परिजन जख्मी अवस्था में गोलू के सदर अस्पताल में भर्ती करावल। मांझागढ़ थानाध्यक्ष कहलें कि ममिला के जांच कइल जा रहल बा। फिलहाल आरोपी फरार बा। ओकरा गिरफ्तारी खातिर छापेमारी कइल जा रहल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.