ATM Alert: एटीएम से पइसा निकालत घरी न करीं ई गलती, हो सकतनीं फ्रॉड के शिकार

Share

आजकल धोखाधड़ी के मामिला तेजी से बढ़ रहल बा। स्कैमर्स एटीएम से धोखाधड़ी के वारदातो के अंजाम दे रहल बाने। एटीएम कार्ड के मदद से पइसा निकालत समय आपके तनिको लापरवाही से बदमाश लाखों रुपया के वारदात के अंजाम दे सकतने। एटीएम से फ्रॉड के मामिला रोजे देखे के मिलsला अउर एके जानतो भर में गलती करेनी जा अउर स्कैमर्स के जाल में फंस जानीं जा। अइसे में अगर रउओ एटीएम फ्रॉड से बचल चाहsतनीं त ई रिपोर्ट रउआ खातिर बा।

एटीएम पिन

एटीएम से पैसे निकालत घरी एटीएम पिन के इस्तेमाल बहुत सावधानी से करीं। साथही पिन के सबसे छिपा के एंटर करीं। ध्यान रखीं जब आप एटीएम के अंदर पैसा निकाले गइल बानीं, उहां केहू दूसर ना होखे। अगर केहू अउर व्यक्ति उहां मौजूद बा त ओके बाहर जाए खातिर कहीं अउर संदेह होखले पर तुरंत ओ एटीएम से बाहर आ जाईं।

एटीएम पिन अउर कार्ड केहूँ के न देईं

कई बेर हम जल्दबाजी में पइसा निकाले खातिर अपने दोस्त चाहे रिश्तेदार के एटीएम कार्ड अउर पिन दे देनीं जा। अइसन कइल तनी देर खातिर सुविधाजनक हो सकsता, लेकिन आगे चल के रउआ संगे धोखाधड़ी भी हो सकsता। अइसन गलती न करीं।

एटीएम के सुरक्षा के जांच करीं

एटीएम से पइसा निकालत घरी जल्दबाजी न करीं। सबसे पहिले एटीएम के अंदर आस-पास नजर घूमा लेईं अउर सरसरी निगाह से देख लेई कि कौनो हिडन कैमरा त नइखे लागल। साथही एटीएम कार्ड स्लॉट के भी जांच कर लेईं, काहेसेकि कई बेर स्कैमर्स एटीएम में क्लोनिंग डिवाइस चाहे कार्ड रीडर चिप ले लगा देनें। ई डिवाइस एटीएम कार्ड के डाटा के चुरा लेल अउर फ्रॉड के शिकार हो सकsता।

एटीएम के पिन बदलत रहीं

अगर रउआ समय-समय पर आपन एटीएम पिन बदलत रहेनी त रउआ संगे फ्रॉड के संभावना नगदे कम हो जाला। साथही कौनो खास पैटर्न चाहे एक जइसन अंक के पिन न बनाईं। आपके बर्थ डेट, मोबाइल नंबर के अंक, 0000, 1111 जइसन अंक के इस्तेमाल न करीं।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-