नई दिल्ली। भाजपा सरकार बियफे से दिल्ली में 100 गो नया अटल कैंटीन सुरू करे जा रहल बिया। एह कैंटीन में मात्र 5 रुपिया में पौष्टिक आ भरपेट भोजन मिल सकी, जवना से मजदूर, गरीब आ जरूरतमंद लोगन के सीधा फायदा होई।
दिल्ली के शहरी विकास मंत्री आशीष सूद बतवलें कि पूर्व प्रधानमंत्री अटल बिहारी वाजपेयी के जयंती के मवका पs राजधानी दिल्ली में 100 अटल कैंटीन सुरू कइल जा रहल बा। ऊ कहलें कि ई योजना भाजपा के चुनावी वादन में सामिल रहे आ अब एकरा के जमीन पs उतारल जा रहल बा।
जानकारी के मोताबिक, हर अटल कैंटीन में रोज करीब 500 लोगन खातिर खाना बनावे आ परोसे के बेवस्था होई। सरकार के दावा बा कि एह योजना से दिल्ली के गरीब आ मेहनतकश लोगन के बड़ राहत मिली।
Post Views: 38









