Asia Cup Rising Stars 2025 : वैभव सूर्यवंशी के बल्ला के धमाल, एह एडिशन में ई खास कमाल करे वाला भारत के अकेला बल्लेबाज

Vaibhav Suryavanshi celebrating after becoming India’s highest run scorer in Asia Cup Rising Stars 2025

Share

नई दिल्ली। राइजिंग स्टार्स एशिया कप 2025 में वैभव सूर्यवंशी के तूफानी प्रदर्शन से पूरा टूर्नामेंट गरमाइल बा। ओमान ए के खिलाफ भलही वैभव खाली 12 रन बना सकलें, बाकी एह 12 रन से ऊ आपन नाम एगो खास रिकॉर्ड में दर्ज करा लेलें। वैभव सूर्यवंशी अभी तक भारत तरफ से ए एडिशन में सबसे जादे रन बनावे वाला बल्लेबाज बन गइलें।

वैभव अभी ले तीन पारियन में कुल 201 रन ठोक देले बाड़ें, जवना में स्ट्राइक रेट 242.16 बा- एह एडिशन में सबसे जादे ऊ अभी तक 18 चौका आ 18 छक्का ठोक चुकल बाड़ें, ई रिकॉर्ड टूर्नामेंट में अभी तक सबसे जादे बा। ई प्रदर्शन बतावत बा कि वैभव एशिया कप Rising Stars में भारत के सुपरस्टार उभर के सामने आ रहल बाड़ें।

वैभव सूर्यवंशी बनाम माज सदाकत: रन के जंग सुरू

अब टूर्नामेंट में सबसे बड़ मुकाबला वैभव सूर्यवंशी आ पाकिस्तान शाहीन के माज सदाकत के बीच होखे वाला बा। माज सदाकत अभी तक 212 रन बना के टॉप स्कोरर बाड़ें। ऊ तीन पारियन में दुगो ताबड़तोड़ फिफ्टी मार चुकल बाड़ें।

अब सब केहू के नजर एही बात पs टिकल बा कि आखिर में सबसे जादे रन के ताज के पाई- वैभव कि माज? काहेकि दुनो टीम सेमीफाइनल में पहुंच चुकल बा आ फाइनल में भेट होखे के पूरा मौका मिल रहल बा।

भारत ए बनाम पाकिस्तान शाहीन, हो सकेला सुपरहिट फाइनल

21 नवंबर के सेमीफाइनल में भारत ए आ पाकिस्तान शाहीन आपन-आपन मैच खेले जा रहल बा। अगर दुनो टीम जीत जाली सs तs निश्चित रूप से 23 नवंबर के फाइनल में भारत-पाकिस्तान के एगो आउर सुपरहिट भिड़ंत देखे के मिल सकेला।

फैन्स त अभिये से दुआ कs रहल बा लोग कि दुनो टीम फाइनल में पहुंचे, काहेकि भारत-पाकिस्तान के मुकाबला में हमेसा से रोमांच चरम पs रहे ला। पिछला लीग मैच में पाकिस्तान भारत के 8 विकेट से हरवले रहे, बाकिर वैभव सूर्यवंशी ओ मैच में 28 गेना पे 45 रन के धमाकेदार पारी खेलले रहस।

Read Also: BJP विधायक दल के बैठक आज, सम्राट बन सकत बाड़ें नेता; काल्ह 11.30 बजे नीतीश लिहें शपथ, पीएम मोदी रहिहें मौजूद

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-