ICC ODI Batting Rankings : रोहित शर्मा के राज पs लागल विराम, न्यूजीलैंड के बल्लेबाज बनलें नंबर-1

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 19, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। ICC के नया ODI बल्लेबाजी रैंकिंग में अब रोहित शर्मा नंबर-1 ना रहलें। हाले में ऊ ऑस्ट्रेलिया खिलाफ सिडनी में शतक बनाके टॉप पोजिशन पs पहुंचल रहे, बाकिर अब न्यूजीलैंड के धुरंधर बैट्समैन

Share

Rohit Sharma becomes number one in ICC ODI rankings, breaks Sachin Tendulkar’s 14-year-old record

स्पोर्ट्स डेस्क। ICC के नया ODI बल्लेबाजी रैंकिंग में अब रोहित शर्मा नंबर-1 ना रहलें। हाले में ऊ ऑस्ट्रेलिया खिलाफ सिडनी में शतक बनाके टॉप पोजिशन पs पहुंचल रहे, बाकिर अब न्यूजीलैंड के धुरंधर बैट्समैन डैरिल मिचेल उनका से आगे निकल गइलें आ नया नंबर-1 बल्लेबाज बन गइलें।

डैरिल मिचेल बनलें दुनिया के नंबर-1 बल्लेबाज

वेस्टइंडीज के खिलाफ पहिला वनडे में डैरिल मिचेल शतक बनवलें। ई उनका वनडे करिअर के सातवां शतक रहे। ई शतक उनका के पॉइंट्स देलस, जवन रोहित शर्मा से नंबर-1 के ताप छीने खातिर काफी साबित भइल। पहिला बेर मिचेल ICC ODI रैंकिंग में नंबर-1 पर पहुंचल बाड़ें। न्यूजीलैंड खातिर ऊ दूसरका खिलाड़ी बनलें जे एह पोजिशन तक पहुंचल बा। एकरा पहिले 1979 में ग्लेन टर्नर ई रिकॉर्ड बनवले रहस।

न्यूजीलैंड के कइयन गो महान बल्लेबाज- मार्टिन क्रो, एंड्रयू जोन्स, रॉस टेलर, केन विलियमसन- टॉप-5 तक तs पहुंचल लोग, बाकिर नंबर-1 के कुरसी कबो ना पा सकल लोग। डैरिल मिचेल अब ग्लेन टर्नर के बाद एह खास क्लब में सामिल हो गइलें।

पाकिस्तानी खिलाड़ियन के भइल बा फायदा

पाकिस्तान के खिलाड़ी श्रीलंका के 3-0 से हराके रैंकिंग में खूब फायदा उठवले बा लोग। मोहम्मद रिजवान पांच स्थान चढ़के संयुक्त 22वां, फखर जमान पांच स्थान ऊपर चढ़के 26वां, गेंदबाज अबरार अहमद 11 स्थान के छलांग लगाके 9वां पोजिशन, हैरिस रऊफ पांच स्थान बढ़के 23वां स्थान तक पहुंचल लोग। अफगानिस्तान के राशिद खान अभियो ODI गेंदबाजी में नंबर-1 पs काबिज बाड़ें।

टेस्ट रैंकिंग में भारत आ अफ्रीका के धमाल

कोलकाता टेस्ट के बाद भारी उलटफेर भइल बा। दक्षिण अफ्रीका कप्तान टेंबा बावुमा 55* रन बनवलें आ पहिला बेर टेस्ट के टॉप-5 बैट्समैन में सामिल भइलें। शुभमन गिल गर्दन में चोट के बादो 2 स्थान चढ़के 11वां नंबर पs पहुंचलें।

बांग्लादेश के मैच जीतला से ओहू लोग के फायदा भइल- नजमुल हसन शांतो चार स्थान ऊपर, महमुदुल हसन जॉय 19 स्थान के छलांग लगवले बा लोग।

भारत खातिर सबसे खुशी के बात

  • जसप्रीत बुमराह अभियो टेस्ट गेंदबाजी में नंबर-1
  • कुलदीप यादव करिअर के बेस्ट 13वां स्थान
  • रवींद्र जडेजा चार स्थान बढ़के 15वां स्थान पs पहुंचलें

टी20 रैंकिंग में न्यूजीलैंड चमकल

न्यूजीलैंड के खिलाड़ी टी20 रैंकिंगो में बढ़िया प्रदर्शन कइल लोग। टिम रोबिंसन आठ स्थान चढ़के 15वां आ डेवोन कॉनवे सात स्थान ऊपर आ तेज गेंदबाज जैकब डफी एक स्थान चढ़के दूसरका नंबर पs पहुंच गइलें।

Read Also: Bihar Politics : जदयू नीतीश कुमार आ भाजपा सम्राट चौधरी के विधायक दल के नेता चुनलस, विजय सिन्हा बनलें उपनेता

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.