BJP विधायक दल के बैठक आज, सम्राट बन सकत बाड़ें नेता; काल्ह 11.30 बजे नीतीश लिहें शपथ, पीएम मोदी रहिहें मौजूद

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 19, 2025

पटना। बिहार में नया सरकार बनावे के काउंटडाउन अब तेज हो गइल बा। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बियफे के 11:30 बजे गांधी मैदान में शपथ लिहें। ई समारोह खास होखे वाला बा, काहे कि एकरा में

Share

**Image SEO – Alt Text in English** **“Bihar politics update as BJP and NDA leaders meet ahead of Nitish Kumar’s oath ceremony at Gandhi Maidan in Patna.”**

पटना। बिहार में नया सरकार बनावे के काउंटडाउन अब तेज हो गइल बा। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार बियफे के 11:30 बजे गांधी मैदान में शपथ लिहें। ई समारोह खास होखे वाला बा, काहे कि एकरा में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी खुद मौजूद रहिहें। जदयू के कार्यकारी अध्यक्ष संजय झा एह बात के पुष्टि कइले बाड़ें।

एह सबके बीच, बुध के दिने एनडीए के तरफ से सरकार गठन से जुड़ल कइयन गो महत्वपूर्ण फैसला लिहल जाई। एही क्रम में भाजपा विधायक दल के बैठक पार्टी दफ्तर में बोलावल गइल बा। एह बैठक में विधायक दल के नेता के चयन होई। भाजपा के संसदीय बोर्ड केंद्रीय पर्यवेक्षकन के नियुक्ति कs देले बा। यूपी के उप मुख्यमंत्री केशव प्रसाद मौर्य के केंद्रीय पर्यवेक्षक बनावल गइल बा, जबकि केंद्रीय मंत्री अर्जुन राम मेघवाल आ पूर्व केंद्रीय मंत्री साध्वी निरंजन ज्योति सह-पर्यवेक्षक के रूप में पटना पहुंचल बाड़ीं।

सूत्र लाेग बतावत बा के भाजपा के ओर से सम्राट चौधरी विधायक दल के नेता बन सकत बाड़ें। भाजपा विधायक दल के बैठक के बाद जदयू से बातचीत होई आ फेर एनडीए के संयुक्त बैठक राखल जाई।

दूपहरिया 3:30 बजे विधानसभा के सेंट्रल हॉल में एनडीए विधायक दल के बैठक होई। एमे भाजपा, जदयू, लोजपा (आर), हम आउर आरएलएम के कुल 202 विधायक मौजूद रही लोग। एह बैठक में नीतीश कुमार, चिराग पासवान, संतोष सुमन, उपेंद्र कुशवाहा, सम्राट चौधरी आ विजय सिन्हा सहित सब प्रमुख नेता सामिल रही लोग।

एह बैठक में सब दल के विधायक दल के नेता लोगन के ओर से पेश प्रस्ताव पs चरचा होई आ आखिरकार एनडीए के ओर से नीतीश कुमार के सर्वसम्मति से विधायक दल के नेता चुनल जाई। एकरा बाद सांझ के नीतीश कुमार राज्यपाल के आपन इस्तीफा सउपिहें आ नया सरकार बनावे के दावा करिहें।

एही बीच, पटना में राजनीतिक हलचल के बीच चिराग पासवान के समर्थन में पोस्टर लागल बा- जेमे लिखल बा, “बिहार के शेर”। ई राजधानी के माहौल के अउरी गरमा देले बा।

केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह आज पटना पहुंचत बाड़ें। उहां के आगमन एनडीए के रणनीतिक बैठक आ नया मंत्रिमंडल के रूपरेखा तय होखे से जोड़ के देखल जा रहल बा।

कुल मिलाके, शपथ ग्रहण से ठीक एक दिन पहिले पटना के राजनीति में जबरदस्त हलचल मचल बा आ सब केहू के नजर अब एनडीए के फाइनल फैसला पs टिक गइल बा।

Read Also: Madvi Hidma Network Busted : आंध्र प्रदेश पुलिस तबाह कइलस माड़वी हिड़मा के नेटवर्क, सात माओवादी ढेर, 50 गिरफ्तार

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.