एशिया कप हॉकी में भारत के पहिला मुकाबला पाकिस्तान से

Anurag Ranjan
  • एशिया कप के आयोजन 23 मई से 1 जून के बीचे होई
  •  पुल ए में  भारत, जापान, पाकिस्तान आ इन्डोनेशिया
  • पुल बी में मलेशिया, कोरिया, ओमान आ बांग्लादेश

गत चैम्पियन भारत के सामना एशिया कप पुरुष हॉकी टूर्नामेंट के पहिला मैच में 23 मई के पाकिस्तान से होई। टूर्नामेंट 23 मई से 1 जून ले खेलल जाई। भारत आ पाकिस्तान टूर्नामेंट के पहिला दिन के अंतिम मैच में एकदूसरा से खेली।

टोक्यो ओलंपिक के कांस्य पदक विजेता भारतीय टीम के पुल ए में जापान, पाकिस्तान आ इन्डोनेशिया के संगे रखल गइल बा। पुल बी में मलेशिया, कोरिया, ओमान आ बांग्लादेश बा। टूर्नामेंट सुपर-4 प्रारूप में खेलल जाई। हर पुल से शीर्ष दु टीम अगिला चरण में पहुंची। फाइनल 1 जून के होई।

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।