हरियाणा 11 बरिस बाद हॉकी चैम्पियन

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 18, 2022

हरियाणा अतवार के तमिलनाडू के शूटआउट में 3-1 से हरा के 11 बरिस बाद सीनियर पुरुस हॉकी चैम्पियनशिप के खिताब जीत लेलस। हरियाणा एकरा पहिले 2011 में ई ट्रॉफी जीतले रहे। तय समे ले बराबर रहल

Share

हरियाणा अतवार के तमिलनाडू के शूटआउट में 3-1 से हरा के 11 बरिस बाद सीनियर पुरुस हॉकी चैम्पियनशिप के खिताब जीत लेलस। हरियाणा एकरा पहिले 2011 में ई ट्रॉफी जीतले रहे।

तय समे ले बराबर रहल मुकाबला 

नियमित समे में मैच 1-1 से बराबर रहल। दीपक चउथके मिनट में गोल कs के हरियाणा के 1-0 से बढ़त दिला देले जवन 6वे मिनट में बराबर हो गइल। तमिलनाडु ला सरवण कमार 10 वां मिनट में गोल कs के स्कोर 1-1 से बराबर कs देले। एकरा बाद दुनो टीम में कड़ा मुकाबला भइल। दुनो टीम हमला तेज कइलस बाकिर दुसरका गोल ना हो सकल। शूटआउट में, हरियाणा अपना पहिला चार कोसिस में तीन बेर गोल कइलस, जबकि तमिलनाडू पहिला कोसिस में सफल रहला के बाद अगिला तीन कोसिस में चूक गइल। कर्नाटक महाराष्ट्र के रोमांचक मुकाबला में 4-3 से हराके तीसरा स्थान हासिल कइलस।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.