[the_ad_group id="30365"]

Arvind Kejriwal Speech: अरविंद केजरीवाल के भाषण के दौरान लागल मोदी-मोदी के नारा, AAP मुखिया हाथ जोड़के बोलले- ‘बाद में क लिह’

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आईपी ​​विश्वविद्यालय पूर्वी परिसर के उद्घाटन : मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल जनता से कहले कि देश में लोकतंत्र बा। हर आदमी के आपन बात कहे के अधिकार बा। पांच मिनट में आपन बात बतावत बानी।

देश के राजधानी दिल्ली में गुरु गोविंद सिंह इंद्रप्रस्थ विश्वविद्यालय (जीजीएसआईपीयू) के पूर्वी दिल्ली परिसर के उद्घाटन एलजी विनय कुमार सक्सेना अवुरी मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल मिल के कईले। लेकिन जसही सीएम केजरीवाल मंच से बोले लगले, तबे आगे बईठल लोग के एक समूह के लोग मोदी-मोदी के नारा लगावे लगले। ए घटना से हैरान सीएम अरविंद केजरीवाल हाथ जोड़ के नारा उठावे वाला लोग से गोहार लगवले कि तनी इंतजार करस अवुरी बाद में नारा लगावस।

 

सीएम अरविंद केजरीवाल आगे कहले कि अगर आप लोग अईसन परेशान करब त हमनी के बात बिल्कुल ना हो पाई। अगर रउरा विचार पसंद नइखे त ठीक बा। ना त पांच मिनट में आपन बात पूरा कर लीं। एकरा बाद रउआ लोग कमेंट क सकेनी। बीच में टिप्पणी के चलते हम बात नईखी क सकत। देश के भीतर जनतंत्र बा। हर आदमी के आपन बात कहे के अधिकार बा। हम गाली गलौज नइखी करत। हम जवन कहत बानी उ सही बा। अगर रउरा पसंद बा त ठीक बा, अगर रउरा ना पसंद बा तबो ठीक बा। हालांकि एकरा बाद भी लोग हल्ला मचावत रहले। विश्वविद्यालय प्रशासन के हस्तक्षेप के बाद हल्ला तनी शांत हो गईल।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]