[the_ad_group id="30365"]

दिल्ली के लोगन के बड़ तोहफा दीहें अरविंद केजरीवाल, आज दुपहरिया 12 बजे प्रेस कॉन्फ्रेंस में होई खुलासा

अरविंद केजरीवाल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आम आदमी पार्टी के संयोजक आ दिल्ली के मुख्यमंत्री रहल अरविंद केजरीवाल दिल्ली के जनता खातिर एगो बड़हन एलान करे जा रहल बाड़न. उs सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs कहले बाड़े कि उs आज दुपहरिया 12 बजे एगो बड़ घोषणा करीहे, जवना से दिल्ली के जनता बहुत खुश होईहे। एकरा बाद अटकल लगावल जाता कि कहीं उs महिला सम्मान योजना अवुरी संजीवी योजना जईसन अवुरी योजना के घोषणा कs सकतारे। हालांकि महिला सम्मान योजना विवाद में उलझल बा।

अगिला साल फरवरी महीना में दिल्ली में विधानसभा चुनाव हो सकेला. अयीसना में आम आदमी पार्टी पहिलही से चुनावी मोड में आ गईल बिया। दिल्ली के सगरी 70 सीट पs आम आदमी पार्टी के उम्मीदवारन के एलान हो गइल बा. पार्टी ओह नेता लोग के टिकट भी रद्द कs दिहले बिया जिनका खिलाफ विरोध के आवाज उठत रहे। एगो नेता खुद चुनाव लड़े से मना कs दिहलन काहे कि मुस्लिम समुदाय के लोग उनुकर विरोध करत रहुवे.

अरविंद केजरीवाल एहसे पहिले दिल्ली के जनता खातिर महिला सम्मान योजना आ संजीवी योजना के एलान कइले बाड़न. एकरा खातिर आम आदमी पार्टी के कार्यकर्ता भी रजिस्ट्रेशन शुरू कs देले बाड़े। हालांकि महिला सम्मान योजना विवाद में उलझल बा। दिल्ली के अधिकारी अखबार में एगो विज्ञापन जारी कs कहले रहले कि सरकार अयीसन कवनो योजना के अधिसूचना जारी नईखे कईले। एकरा संगे जनता से अपील कईल गईल कि अयीसन योजना के शिकार मत होखे अवुरी आपन निजी जानकारी के सांझा नs करीं. हालांकि आम आदमी पार्टी के दावा बा कि इs योजना शुरू हो गईल बा अवुरी पात्र महिला के एकर लाभ मिली।

इहो पढ़ीं :अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के ‘ अपने दौर के underrated एक्ट्रेस रहली ‘राखी गुलजार’

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]