[the_ad_group id="30365"]

केजरीवाल सरकार महंगाई से राहत देवे खातिर दिहलस तोहफा, दिल्ली में मिनिमम वेज बढ़ गईल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बढ़त महँगाई का बीच दिल्ली सरकार न्यूनतम मजदूरी बढ़ा दिहले बिया. ई बढ़ल दर एक अप्रैल से लागू हो जाई. एह बढ़ोतरी का बाद अकुशल मजदूरन के मासिक वेतन 16064 रुपिया से बढ़ के 16506 रुपिया हो जाई.

बताईं कि केजरीवाल सरकार दिल्ली के मजदूरन के राहत देबे खातिर हर छह महीना पर महंगाई भत्ता बढ़ावत बिया. मजदूरी में ए बढ़ोतरी के लेके उपमुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया कहले बाड़े कि दिल्ली में मजदूर के दिहल जाए वाला न्यूनतम मजदूरी देश के बाकी राज्य के मुक़ाबले सबसे जादे बा। महंगाई से त्रस्त मजदूर वर्ग के न्यूनतम मजदूरी में बढ़ोतरी से राहत मिली। दिल्ली में संगठित अवुरी असंगठित क्षेत्र में लाखों अकुशल अर्धकुशल कार्यकर्ता बाड़े, जवना के अयीसन बढ़ोतरी के फायदा मिली।

बढ़ल दर से भुगतान सुनिश्चित करे के निर्देश : मनीष सिसोदिया बियफे का दिने मजदूरन के न्यूनतम मजदूरी बढ़ावे के आदेश जारी कइलन आ बढ़ल दर से भुगतान सुनिश्चित करे के कहलन. सिसोदिया कहले कि गरीब अवुरी मजदूर वर्ग के हित के ध्यान में राखत बढ़त महंगाई के बीच इ बड़ कदम उठावल गईल बा।

क्लर्क आ सुपरवाइजर क्लास के भी लाभ मिली : उ कहले कि क्लर्क आ सुपरवाइजर क्लास के कर्मचारी के भी एकर लाभ मिली। सरकार के कहनाम बा कि महंगाई के बीच में भईल ए बढ़ोतरी से मजदूर के तुरंत राहत मिली। डियरनेस भत्ता के तहत अकुशल मजदूर के मासिक वेतन 16064 से बढ़ के 16506 रुपया हो गईला के संगे अर्धकुशल मजदूर के मासिक मजदूरी 17,693 रुपया से बढ़ के 18,187 रुपया अवुरी कुशल मजदूर के 19,473 रुपया से बढ़ के 20,019 रुपया हो जाई।

मजदूर के हित खातिर काम कइल : गैर मैट्रिक कर्मचारियन के मासिक वेतन 17,693 रुपिया से बढ़ के 18,187 रुपिया हो गइल, मैट्रिक कइल बाकिर गैर स्नातक कर्मचारियन के मासिक वेतन 19473 से बढ़ के 20,019 रुपिया से बढ़ के 20,019 रुपिया हो गइल आ मजदूरन के मासिक वेतन 19473 से बढ़ के 20,019 रुपिया हो गइल स्नातक आ ओकरा से ऊपर के शैक्षिक योग्यता 21,184 21,756 रुपिया से बढ़ जाई.

सिसोदिया कहले कि हमनी के पहिलही से मजदूर के हित खाती काम करतानी। मजदूरन के हित के ध्यान में राखत हमनी का ओह लोग के महँग भत्ता बढ़ावे के फैसला कइले बानी जा. आशा बा कि महंगाई के एह दौर में एहसे ओह लोग के मदद मिली.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]