मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ शनिचर के लखनऊ में आयोजित आरोग्य भारती कार्यक्रम में प्रदेश में स्वास्थ्य के क्षेत्र मे कइल गइल विकास कार्य के जिक्र कइलें।
उ कहलें कि हमार सरकार जनता के बेहतर स्वास्थ्य खातिर पूरा तरह से समर्पित बा। इहे कारण ह कि इंसेफलाइटिस से जहां बीतल 40 साल में 50 हजार से ज्यादा मौत हो चुकल बा। उहवें, चार से पांच बरिस के प्रयास के बाद ही प्रदेश मे ई बीमारी समाप्ति के ओर बा अउर मौत के संख्या अब लगभग जीरो हो गइल बा।