[the_ad_group id="30365"]

मनोरंजन: लॉन्ग टाइम गर्लफ्रेंड आशना श्रॉफ संगे बियाह के बंधन में बंधले अरमान मलिक

प्लेबैक गायक अरमान मलिक के बियाह
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

प्लेबैक गायक अरमान मलिक के बियाह आज यानी 2 जनवरी के अपना लंबा समय से प्रेमिका आशना श्रॉफ से भईल। गायक अपना इंस्टाग्राम हैंडल पs अपना सादी के दिन के कई गो तस्वीर शेयर कs के सोशल मीडिया के मशहूर इन्फ्लुएंसर से बियाह के खुशखबरी के घोषणा कईले। प्रशंसक गायक के बहुत शुभकामना दे रहल बाड़े। सोशल मीडिया पs गायक के सादी के फोटो भी तेजी से वायरल हो रहल बा।

पत्नी आशना मलिक के घर बतवले
अरमान साल के शुरुआत में अपना प्रशंसकन के हैरान कs दिहले बाड़न. हाल ही में बियाह के तस्वीर शेयर करत उs लिखले कि, “तू हमार घर हउ।” अरमान मलिक बेबी पिंक ड्रेस में काफी डैशिंग देखाई देतारे। एकरा संगे आशना लाल ड्रेस में दुल्हिन के रूप में बहुत सुंदर देखाई देतारी। प्रशंसक भी अरमान मलिक के बहुत शुभकामना दे रहल बाड़े।

सिंगर एह गीतन खातिर मशहूर बाड़े
अरमान मलिक अगस्त 2023 में आशना श्रॉफ के प्रपोज कईले रहले। बाद में ऊ अपना प्रेमिका खातिर एगो म्यूजिक वीडियो भी जारी कइलन जवना के नाम रहे कसम से – द प्रपोजल. करीब दु महीना बाद दुनो लोग के आधिकारिक तौर पs सगाई हो गईल, जवना के तस्वीर उ लोग अपना प्रशंसक के संगे भी साझा कईले।

आशना श्रॉफ का करेली?
गायक अरमान मलिक वजह तुम हो, बोल दो ना जारा आ बोम्मा जइसन गीतन खातिर लोकप्रिय बाड़न एहसे पहिले ब्रिटिश गायक एड शीरन के साथे मिल के आपन गाना 2स्टेप के नया संस्करण पs काम कइले रहले. जबकि अगर आशना श्रॉफ के बात करीं तs आशना श्रॉफ फैशन आ ब्यूटी ब्लॉगर आ यूट्यूबर हई. इनके कॉस्मोपॉलिटन लग्जरी फैशन इन्फ्लुएंसर ऑफ द ईयर 2023 चुनल गइल रहे.

इहो पढ़ीं : सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]