Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

iOS 18: रिलीज भइल नया ऑपरेटिंग सिस्टम, अइसे करीं डाउनलोड आ इंस्टॉल, जानीं सब फीचर्स

559
Google Ads 300*250 for posts

Apple एगो लमहर इंतजार के बाद iOS 18 के लॉन्च कs देले बा। अब यूजर्स iOS 18 के लेके अपना आईफोन में डाउनलोड आ इंस्टॉल कs सकत बा लो। iOS 18 के संगे कइयन सारा नया फीचर्स दिहल गइल बा। कंट्रोल सेंटर के कस्टमाइज कइल गइल बा। पहिले कंट्रोल सेंटर में हॉटस्पॉट, वाई-फाई, डाटा जइसन ऑप्शन दिखत रहे बाकिर अब एयरप्लेन मोड, एयरड्रॉप, वाई-फाई, मोबाइल डाटा, ब्लूटूथ, पर्सनल हॉटस्पॉट आ वीपीएन एक संगे दिखी।

iOS 18 कइसे डाउनलोड करीं?

अपना iPhone पs iOS 18 डाउनलोड कइल बहुत आसान बा, बशर्ते राउर डिवाइस एकरा के सपोर्ट करे। इंस्टॉल करे से पहिले ई सुनिश्चित कs लीं कि राउर iPhone फुल चार्ज होखे आ रउआ लगे एगो इस्थिर वाई-फाई कनेक्शन बा।

  • अब अपना iPhone के Settings (सेटिंग्स) में जाईं।
  • नीचे स्क्रॉल करीं आ General (जनरल) पs टैप करींच।
  • Software Update (सॉफ़्टवेयर अपडेट) विकल्प खोजी आ ओकरा पs टैप करीं।
  • जदि राउर डिवाइस में एकर सपोर्ट होई तs रउआ iOS 18 अपडेट दिखाई दी।
  • Download and Install (डाउनलोड आ इंस्टॉल) पs टैप करीं आ इंस्टॉल करीं।
  • यहां आपसे पासकोड मांगा जाएगा। कुछ देर बाद यह फोन में इंस्टॉल हो जाएगा और फोन री-स्टार्ट होगा।

आईफोन के लिस्ट जेमे मिली iOS 18 के अपडेट

  • iPhone 16
  • iPhone 16 Plus
  • iPhone 16 Pro
  • iPhone 16 Pro Max
  • iPhone 15
  • iPhone 15 Plus
  • iPhone 15 Pro
  • iPhone 15 Pro Max
  • iPhone 14
  • iPhone 14 Plus
  • iPhone 14 Pro
  • iPhone 14 Pro Max
  • iPhone 13
  • iPhone 13 mini
  • iPhone 13 Pro
  • iPhone 13 Pro Max
  • iPhone 12
  • iPhone 12 mini
  • iPhone 12 Pro
  • iPhone 12 Pro Max
  • iPhone 11
  • iPhone 11 Pro
  • iPhone 11 Pro Max
  • iPhone Xs
  • iPhone Xs Max
  • iPhone Xr
  • iPhone SE (2nd जेन आ ओकरा बाद के मॉडल)

iOS 18 के फीचर्स

कस्टम होम स्क्रीन लेआउट्स iOS 18 के एगो सबसे खास फीचर ई बा कि अब रउआ पूरा तरे से अपना होम स्क्रीन लेआउट के कस्टमाइज कs सकत बानी। अब एप आइकॉन आ विजेट्स के स्वतंत्र रूप से बेवस्थित कs सकत बानी, जवना से एगो अनोखा आ पर्सनल लुक तइयार कइल जा सकत बा। एकरा अलावे, डार्क मोड आइकॉन आकस्टमाइजेबल टिंट्स इस्तेमाल कइल जा सकी।

री-डिजाइन कइल गइल कंट्रोल सेंटर

कंट्रोल सेंटर में एगो बड़ बदलाव कइल गइल बा। अब यूजर्स कंट्रोल्स के आकार बदल सकत बा, जेमे थर्ड-पार्टी एप्स तक सामिल बा, ताकि ऊ अपन जरूरतन के अनुसार फिट हो सके। लॉक स्क्रीन आ एक्शन बटन के संगे एकीकृत कइल गइल बा, जवना से आवश्यक टूल्स आ कंट्रोल्स तक तेजी से पहुंच मिली।

फोटो एप में सुधार

iOS 18 में फोटो एप के महत्वपूर्ण अपग्रेड भइल बा। एगो नया इंटरफेस अब मेमोरी के इवेंट्स, ट्रिप्स आ कलेक्शंस के अनुसार बेवस्थित करत बा, जवना से राउर फोटो लाइब्रेरी के ब्राउज कइल आसान हो जात बा। एगो नया “क्लीन अप” टूल गैर-जरूरी चीजन के फोटो से हटावे के प्रक्रिया के आसान बनावत बा।

मैसेजिंग आ कम्युनिकेशन

iOS 18 सैटेलाइट मैसेजिंग के सपोर्ट करत बा। आउर नया फीचर्स में एनिमेटेड टेक्स्ट इफेक्ट्स आ “Send Later” फंक्शन सामिल बा, जवन राउर मैसेज शेड्यूल करे के सुविधा देत बा। मैसेज एप अब RCS (रिच कम्युनिकेशन सर्विसेज) के सपोर्ट करी, जवना से नॉन-iMessage उपयोगकर्ता लोगन के संगही मैसेजिंग के अनुभव के बेहतर बनावल जाई।

एडवांस्ड सफारी आ मैप्स

सफारी के बेहतर पठनीयता खातिर एगो नया डिजाइन कइल गइल रीडर मोड के संगे अपडेट कइल गइल बा। एगो “डिस्ट्रैक्शन कंट्रोल” फीचर उपयोगकर्ता के ब्राउजिंग के दौरान अनचाहा कंटेंट के फिल्टर करे के सुविधा दी। एकरा अलावे, मैप्स एप में टोपोग्राफिक दृश्य, हाइकिंग ट्रेल्स आ ऑफलाइन सपोर्ट जोड़ल गइल बा, जवना से बिना इंटरनेट कनेक्शन के नेविगेशन आसान हो जाला।

961120cookie-checkiOS 18: रिलीज भइल नया ऑपरेटिंग सिस्टम, अइसे करीं डाउनलोड आ इंस्टॉल, जानीं सब फीचर्स

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.