iPhone 18 Pro: नया आईफोन मॉडल में मिली अपग्रेडेड प्राइमरी कैमरा, वेरिएबल अपर्चरो मिली 

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 11, 2024

iPhone 18 सीरीज के लॉन्चिंग के लेके फिलहाल कवनो आधिकारिक जानकारी तs नइखे बाकिर आईफोन 18 सीरीज के लेके लीक रिपोर्ट्स आवे लागल बा। iPhone 18 Pro के लॉन्चिंग वास्तव में सितंबर 2026 में होई,

Share

iPhone 16 (For Demo)

iPhone 18 सीरीज के लॉन्चिंग के लेके फिलहाल कवनो आधिकारिक जानकारी तs नइखे बाकिर आईफोन 18 सीरीज के लेके लीक रिपोर्ट्स आवे लागल बा। iPhone 18 Pro के लॉन्चिंग वास्तव में सितंबर 2026 में होई, बाकिर ओकरा पहिले एकर फीचर्स लीक हो रहल बा।

जानल-मानल एनालिस्ट Ming-Chi Kuo iPhone 18 सीरीज के लेके कहले बाड़ें कि नया फोन के प्रो मॉडल में अपग्रेडेड मेन कैमरा मिली। एकरा अलावे वेरिएबल अपर्चरो मिली। मिंग के मोताबिक iPhone 18 Pro आ iPhone 18 Pro Max के संगे ई दुनो फीचर्स मिली। एह दुनो नया फीचर्स के संगे Apple के मुकाबला Samsung आ Xiaomi के स्मार्टफोन के संगे होई। मीडियम पs अपना एगो पोस्ट में मिंग iPhone 18 series के लेके ई जानकारी देले बाड़ें।

सन्नी ऑप्टिकल के वित्तीय भविष्य के विश्लेषण करत मिंग अपडेटेड कैमरा के बारे में जानकारी देले बाड़ें। ऊ कहलें, “हमरा नया सर्वे के अनुसार सन्नी ऑप्टिकल मेन शटर सप्लायर होई (जेमे लक्सशेयर दूसरका स्थान पs होई) आ दूसरका वेरिएबल एपर्चर लेंस सप्लायर होई (लार्गन प्रिसिशन के बाद)।”

पहिले आइल एगो लीक रिपोर्ट में कहल गइल रहे कि एपल 2025 में कम से कम एगो आईफोन 17 मॉडल में वेरिएबल एपर्चर लेंस जोड़ सकत बा। मिंग के नया दावा से लागत बा कि ई अपग्रेड एक साल बाद आई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.