Apple foldable iPhone : अगिला साल सितंबर में लॉन्च हो सकत बा Apple के पहिला फोल्डेबल iPhone: रिपोर्ट

Share

नई दिल्ली। Apple 2026 में आपन बहुप्रतीक्षित फोल्डेबल फोन iPhone Fold के संगे फोल्डेबल स्मार्टफोन सेगमेंट में एंट्री कs सकत बा। हालांकि, Apple फोल्डेबल iPhone के लेके अभी तक कवनो जानकारी आधिकारिक रूप से साझा नइखे कइले, बाकिर JPMorgan कथित तौर पs एकर लॉन्च टाइमलाइन, कीमत आ संभावित स्पेसिफिकेशन्स के अनुमान लगवले बा। मानल जा रहल बा कि फोल्डेबल iPhone बुक-स्टाइल फोल्डेबल फॉर्म फैक्टर में आई। एमे 7.8-इंच के इंटरनल फ्लेक्सिबल डिस्प्ले आ 5.5-इंच के कवर स्क्रीन हो सकत बा।

JPMorgan के एनालिस्ट Samik Chatterjee द्वारा लिखल गइल लेटेस्ट इन्वेस्टर नोट के CNBC एक्सेस कइलस। एमे फोल्डेबल iPhone से जुड़ल जानकारी दिहल गइल बा। रिपोर्ट के मोताबिक, एह फॉल में आवे वाली iPhone 17 सीरीज में खाली मामूली अपग्रेड्स के उम्मीद बा, एहिसे इन्वेस्टर्स के धेयान पहिलही से Apple के 2026 लाइनअप के ओर शिफ्ट हो रहल बा। एनालिस्ट के मोताबिक, Apple के पहिला फोल्डेबल iPhone सितंबर 2026 में iPhone 18 लाइनअप के हिस्सा बनके लॉन्च होई। एकरा पहिलहूं कइयन गो रिपोर्ट्स आ इंडस्ट्री सप्लाई चेन सोर्सेस फोल्डेबल iPhone खातिर सितंबर 2026 के लॉन्च टाइमलाइन बतवले बा।

Apple के फोल्डेबल iPhone संभवतः बुक-स्टाइल फोल्डिंग डिजाइन के संगे आई, जचन Samsung के Galaxy Z Fold सीरीज से मिलत-जुलत होई। एमे 7.8-इंच के इनर डिस्प्ले आ 5.5-इंच के आउटर डिस्प्ले हो सकत बा, जेमे इनर पैनल क्रीज-फ्री होेखे के उम्मीद बा।

Apple Foldable iPhone के संभावित कीमत

एनालिस्ट के मोताबिक, Apple के पहिला फोल्डेबल स्मार्टफोन के कीमत 1,999 डॉलर (लगभग 1,74,000 रुपिया) हो सकत बा। ई कंपनी खातिर 65 डॉलर बिलियन के रेवेन्‍यू ऑपर्च्युनिटी बना सकत बा। ओकर इहो कहनाम बा कि ई फोल्डेबल iPhone फिस्कल ईयर 2027 में ‘low-teens million units’ में बिक सकत बा, आ फिस्कल ईयर 2029 तक एकर बिक्री बढ़के मिड-40 मिलियन यूनिट्स तक पहुंच सकत बा।

Chatterjee Amphenol (इलेक्ट्रॉनिक कनेक्टर्स बनावे वाली कंपनी) आ Corning (स्पेशलिटी ग्लास मेकर) के Apple के फोल्डेबल iPhone के सप्लाई चेन में अहम फायदा पावे वाला कंपनियन के रूप में पहचनले बा। उ बतवलें कि एह कंपनियन के फायदा ‘वॉल्यूम नहीं बलुक फोल्डेबल फोन में हाई कंटेंट’ से मिली।

पहिले के लीक्स में iPhone Fold के बेस वेरिएंट के कीमत 2,300 डॉलर (लगभग 1,99,000 रुपिया) बतावल गइल रहे Apple एह फोन के लिमिटेड यूनिट्स में लॉन्च कs सकत बा। ई फोल्डेड स्टेट में 9.2mm आ अनफोल्डेड स्टेट में 4.6mm थिक हो सकत बा। एमे एल्युमीनियम एलॉय मिडल फ्रेम आ डुअल रियर कैमरा सेटअप दिहल जाये के उम्मीद बा।

Read Also: IND vs PAK: ना भइल टॉस आ ना फेंकल गइल एगो गेना, तबो फाइनल में पहुंचल पाकिस्तान; रद्द भइल भारत के संगे सेमीफाइनल मैच

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-