OnePlus आज लॉन्च करी 7,000mAh बैटरी वाला दुगो दमदार 5G फोन, मिली 100W फास्ट चार्जिंग 

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 9, 2025

टेक्नोलॉजी डेस्क। वनप्लस हाले में आपन एगो कॉम्पैक्ट फ्लैगशिप OnePlus 13s पेश कइलस, जवना के बाद अब कंपनी मिड-रेंज सेगमेंट में दुगो नया फोन लॉन्च करे जात बिया। कंपनी आज भारत में दुगो नया डिवाइस

Share

टेक्नोलॉजी डेस्क। वनप्लस हाले में आपन एगो कॉम्पैक्ट फ्लैगशिप OnePlus 13s पेश कइलस, जवना के बाद अब कंपनी मिड-रेंज सेगमेंट में दुगो नया फोन लॉन्च करे जात बिया। कंपनी आज भारत में दुगो नया डिवाइस नॉर्ड 5 आ नॉर्ड सीई 5 के पेश करी।

फोन के लॉन्च इवेंट 2:00 बजे लाइव कइल जाई। एह इवेंट के कंपनी के YouTube चैनल पऽ स्ट्रीम कइल जाई। स्मार्टफोन के संगे-संगे कंपनी एह इवेंट में नया स्मार्टवॉच, एगो टैबलेट आ नया TWS ईयरबड्स पेश कs सकेले। चलीं वनप्लस के एह दुनो अपकमिंग डिवाइस के बारे में विस्तार से जानल जाव।

OnePlus Nord 5 के खास फीचर्स

नॉर्ड 5 में अबकी बेर 7,000mAh के बड़हन बैटरी देखे के मिली, जवन यूजर्स के बहुत जादे पसंद आई, जे पूरा दिन काम, मनोरंजन आ गेमिंग खातिर अपना डिवाइस पऽ बहुते डिपेंड रहेला। संगही डिवाइस में 100W वायर्ड फास्ट चार्जिंग के सपोर्ट मिल सकेला, जवन एकरा के सेगमेंट में सबसे फास्ट चार्जिंग वाला डिवाइस में से एगो बना दी।

नॉर्ड 5 में क्वालकॉम के स्नैपड्रैगन 8s जेन 3 चिप देखे के मिली। रिपोर्ट्स से पता चलल कि फोन में एगो फ्लैट OLED पैनल होई जवन 120Hz रिफ्रेश रेट ऑफर करी। स्क्रीन के साइज 6.74 इंच हो सकेला।

डिजाइन के ममिला में डिवाइस पिछिला मॉडल के डुअल-टोन बैक से हट के एगो क्लीन लुक ऑफर करी। डिवाइस में वर्टिकल पिल-शेप्ड कैमरा मिली। कैमरा के ममिला में फोन बहुते सानदार होखे वाला बा। जेमे 50-मेगापिक्सल के प्राइमरी रियर कैमरा, 8-मेगापिक्सल के अल्ट्रा-वाइड आ 16-मेगापिक्सल के फ्रंट कैमरा मिल सकेला ।

OnePlus Nord CE 5 के खास फीचर्स

Nord CE 5 ढेर किफायती ऑप्शन होखे वाला बा, जेमे 120Hz रिफ्रेश रेट के संगे 6.7-इंच OLED डिस्प्ले मिली। डिवाइस में पावरफुल MediaTek Dimensity 8350 चिपसेट देखे के मिल सकेला, जवना के संगे 8GB RAM आ 256GB स्टोरेज मिली। संगही ई फोन 7,100mAh क बड़हन बैटरी ऑफर करी। जेमे 80W तक के फास्ट चार्जिंग देखे के मिल सकेला।

एह डिवाइस में सानदार 50-मेगापिक्सल के प्राइमरी आ 8-मेगापिक्सल के अल्ट्रा-वाइड कैमरा मिल सकेला। जबकि सेल्फी आ वीडियो कॉल खातिर डिवाइस में 16-मेगापिक्सल के फ्रंट कैमरा हो सकेला।

Read Also: Bharat Bandh 2025: भारत बंद आज… रेलवे-बस, बैंक आ डाक सेवा पs का पड़ी असर? 10 प्वाइंट्स में समझीं सबकुछ

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.