IND vs PAK: ना भइल टॉस आ ना फेंकल गइल एगो गेना, तबो फाइनल में पहुंचल पाकिस्तान; रद्द भइल भारत के संगे सेमीफाइनल मैच

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 31, 2025

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत आ पाकिस्तान के बीच वर्ल्ड चैंपियनशिप ऑफ लीजेंड्स (WCL) 2025 के सेमीफाइनल बुध के रद कs दिहल गइल। पहलगाम आतंकी हमला के बाद, भारत के खिलाड़ी पाकिस्तान के संंगे खेले से इनकार

Share

स्पोर्ट्स डेस्क। भारत आ पाकिस्तान के बीच वर्ल्ड चैंपियनशिप ऑफ लीजेंड्स (WCL) 2025 के सेमीफाइनल बुध के रद कs दिहल गइल। पहलगाम आतंकी हमला के बाद, भारत के खिलाड़ी पाकिस्तान के संंगे खेले से इनकार कs देले रहे लो। दुनो टीमन के बियफे, 31 जुलाई के बर्मिंघम के एजबेस्टन क्रिकेट ग्राउंड पs आमना-सामना होखे के रहे।

मैच रद्द होखला से पाकिस्तान फाइनल खातिर क्वालीफाई कs गइल बा। पाकिस्तान लगातार दूसरका बेर डब्ल्यूसीएल के फाइनल में जगह बनवले बा। पिछलका साल उद्घाटन संस्करण में पाकिस्तान फाइनल में भारत से हारके उपविजेता रहल रहे।

WCL जारी कइलस बयान

डब्ल्यूसीएल एगो बयान जारी कs के मैच रद कइल जाये के पुष्टि कइलस। आयोजक सेमीफाइनल से हटे के भारत के निर्णय के प्रति सम्मान दिखावल लो आ पाकिस्तान के खेले के इच्छा के स्वीकार कइल। आयोजक आधिकारिक बयान में बतावल लाे कि भारत के हटे से पाकिस्तान चैंपियंस टीम फाइनल में पहुंच गइल बिया।

फाइनल में पहुंचा पाकिस्तान

बयान में कहल गइल, डब्ल्यूसीएल में हमनी के हमेशा खेलन के शक्ति में विश्वास कइ ले बानी सs, जवन दुनिया के प्रेरित करेला आ सकारात्मक बदलाव ले आवेला। हालांकि, फैंस के भावना के हमेसा सम्मान कइल जाये के चाहीं, आखिरकार, हमनी के जवन कुछ करेनी सs उ हमनी के दर्शकन खातिर बा।

आगे कहल, हमनी के भारतीय चैंपियंस के सेमीफाइनल से हटे के फैसला के सम्मान करत बानी सs, आ हमनी के पाकिस्तान चैंपियंस के खेले के ओतने सम्मान करत बानी सs। सब कारणन के ध्यान में रखत, भारतीय चैंपियंस आ पाकिस्तान चैंपियंस के बीच मैच रद्द कs दिहल गइल बा। परिणामस्वरूप, पाकिस्तान चैंपियंस फाइनल में पहुंची।

भारतीय खिलाड़ी कइल लाे बायकॉट

बता दीं कि एकरा पहिले बुध के सांझा पीटीआई खबर देले रहे कि शिखर धवन, इरफान पठान, हरभजन सिंह, युवराज सिंह, सुरेश रैना सहित आउर खिलाड़ी पाकिस्तान के खिलाफ नॉकआउट मैच खेले से मना कs देले रहे लो।

Read Also: IND vs ENG Playing-11: पांचवां टेस्ट से बुमराह के बाहर होखल तय; केकर होई एंट्री, का कुलदीप के मिली मवका?

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.