UP: भाजपा नेता अपर्णा यादव राज्य महिला आयोग के उपाध्यक्ष के कार्यभार संभरली, सीएम से कइले रहली मुलाकात

Share

नाराजगी के खबरन के बीच सामाजिक कार्यकर्ता आ भाजपा नेता अपर्णा यादव उत्तर प्रदेश राज्य महिला आयोग के उपाध्यक्ष के कार्यभार संभार लेले बाड़ी। एह मवका पs उनका संगे उप मुख्यमंत्री ब्रजेश पाठक के पत्नी नम्रता पाठक मवजूद रही। ऊ सोमार के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से मुलाकात कइले रहली।

बता दीं कि सरकार पिछलके हफ्ता आगरा के बबीता चौहान के आयोग के अध्यक्ष, गोरखपुर के चारू चौधरी आ अपर्णा यादव के उपाध्यक्ष बनावाल गइल रहे। एकरा बाद दुनो पदाधिकारी कार्यभार संभाल लेले रहे लो, बाकिर अपर्णा यादव पदभार ना संभरली। जवना के लेके उनकर भाजपा से नाराजगी के खबर आवत रहे। अपर्णा यादव मंगर के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ से मुलाकात कइले रहली।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-