Haryana: बबीता फोगाट का बयान, कहली विनेश के राजनीति में गइल…

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 10, 2024

पहलवान बबीता फोगाट अपना बहिन विनेश फोगाट के राजनीति में प्रवेश पs पहिला बेर सार्वजनिक तौर पs प्रतिक्रिया देले बाड़ी। बबिता कहली कि विनेश के राजनीति में प्रवेश उनकर आपन फैसला हऽ, बाकिर उनका अपना

Share

Babita fogat

पहलवान बबीता फोगाट अपना बहिन विनेश फोगाट के राजनीति में प्रवेश पs पहिला बेर सार्वजनिक तौर पs प्रतिक्रिया देले बाड़ी। बबिता कहली कि विनेश के राजनीति में प्रवेश उनकर आपन फैसला हऽ, बाकिर उनका अपना गुरु पिता महाबीर फोगाट के बात सुने के चाहत रहे, जवन कि द्रोणाचार्य से सम्मानित बाड़े। गुरु हमेशा सही रास्ता देखावेले आ सिखावेले। विनेश के भटकत देख के कवनो गुरु दुखी हो जाता।

बबिता कहली कि 2028 के ओलंपिक में स्वर्ण पदक जीते के पक्का मौका रहला के बावजूद विनेश जल्दबाजी में राजनीति में उतरली। उऽ आरोप लगवली कि भूपेंद्र हुड्डा फोगाट परिवार में फूट पैदा करे में सफल भइले, बाकिर विधानसभा चुनाव में जनता सही जवाब दिही।

कांग्रेस के निशाना बनावत बबिता कहली कि पार्टी के एजेंडा हमेशा से बंटवारा आ शासन के रहल बा आ कांग्रेस परिवार के तूड़े के काम कइले बिया, बबिता कहली कि भाजपा दादरी से टिकट ना देके सही फैसला लेले बिया, आ उनका एह मामला में कवनो शिकायत नइखे। उऽ साफ कईली कि उऽ भाजपा के संगे खड़ा बाड़ी आ पार्टी के फैसला के सम्मान करतारी।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.