[the_ad_group id="30365"]

Anupamaa: का माया के बाद अब राखी दवे छोड़ीहें शो? एक्ट्रेस बोलली- हमके ग्रीन सिग्नल मिल गइल बा….

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

टीआरपी सूची में टॉप पs जगह बनावे वाला एह शो ‘अनुपमा’ के कहानी एह घरी अनुपमा के अमेरिका जाए के इर्द गिर्द घूमत बा। अनुज माया के जाए के चलते परेशान बाड़े। छोटकी अनु अकेले रह गइल बाड़ी । अइसना में अनुपमा उलझन के हालत में फंसल बाड़ी। खैर, अनुपमा अमेरिका जा पइहें कि ना, ई त आवे वाला दिन में ही पता चल जाई। आज हमनी के एह टीवी सीरियल से जुड़ल एगो अउरी खबर बतावे जा रहल बानी जा। ई खबर अनुपमा से ना बलुक शो के दोसरा किरदार से जुड़ल बा।

प्रशंसकन के मन में सवाल उठत बा

असल में नागिन यानी किंजल के महतारी राखी दवे के टीवी सीरियल ‘अनुपमा’ में बहुत दिन से ना लउकली। जिम्मेदारी के बोझ किंजल पs डाल दिहल गइल बा। अनुपमा आ अनुज अलगा हो गइल बाड़े। माया के एक्सीडेंट हो गईल बा। लेकिन, राखी दवे ना आईली। अयीसना में प्रशंसक के दिमाग में इ सवाल उठे लागल कि राखी दवे के किरदार निभावे वाली अभिनेत्री तस्नीम नेरुरकर शो छोड़ देली कि ना? अब तस्नीम खुद एह सवाल के जवाब देले बाड़ी। पढ़ीं अभिनेत्री का कहली।

अभिनेत्री जवाब देली

अभिनेत्री में कहली कि, ‘हम ‘अनुपमा’ के छोड़ले नईखी। कहानी के आगे बढ़ावे खातिर जब भी हमार किरदार के जरूरत पड़ी त हम जरूर जाईब। लेकिन, हँ, हमरा अपना टीम से ग्रीन सिग्नल मिलल बा। हम अउरी प्रोजेक्ट क सकेनी। हालांकि हम खाली अइसन प्रोजेक्ट करब जवना के हमरा बहुते मजा आवे। हम एह घरी नया प्रोजेक्ट खातिर ऑफर पs हस्ताक्षर करे खातिर तइयार बानी। हम कवनो काम करे खातिर तइयार बानी जवना खातिर हमरा घर से निकल के सेट पs जाए के मौका मिले।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]