Anti-India Slogans: कनाडा में राम मंदिर पs भारत-विरोधी नारा, दूतावास के रिएक्शन- दोषियन पs होखे तत्काल कार्रवाई

Share

Anti-India Graffiti In Canada: कनाडा में हिंदू मंदिर पs एक बेर फेर भारत-विरोधी स्लोगन लिख दिहल गइल। अबकी बेर इहां मिसिसॉगा इस्थित राम मंदिर के निशाना बनावल गइल रहे। भारतीय दूतावास एकर कड़ा निंदा कइलें बा। टोरंटो में भारतीय दूतावास के ओर से एह ममिला में दोषियन पs तत्काल कार्रवाई करे के मांगो कइले बा।

भारत के दूतावास बुध के ट्वीट कइलस, “हम मिसिसॉगा में राम मंदिर पs भारत विरोधी ग्रैफिटी (देवालन पs आपत्तिजनक स्लोगन) के कड़ा निंदा करत बा। हमनी के कनाडा के अधिकारियन से एह घटना के जांच करे आ अपराधियन पs तत्काल कार्रवाई करे के अनुरोध कइले बा।”

भारत-विरोधी नारा लिखल गइला के निंदा

बीतल कुछ समय में कनाडा में हिंदू मंदिरन पs भारत विरोधी स्लोगन लिखल जाये के कइयन गो घटना सामने आ चुकल बा। रिपोर्ट्स के मोताबिक, इहां एक साल के भीतर 4 बेर अइसन हो चुकल बा। एकरा पहिले, कनाडा के ब्रैम्पटन में एगो हिंदू मंदिर पs एह तरह के छेड़छाड़ जनवरी में कइल गइल रहे, जवना से भारतीय समुदाय में आक्रोश फइल गइल रहे।

हाले में गौरी शंकर मंदिर में भइल तोड़फोड़ के निंदा करत टोरंटो में भारतीय दूतावास कहलस कि एह हरकत से कनाडा में भारतीय समुदाय के भावना के ठेस पहुंचल बा। दूतावास एगो बयान में कहलस, “हमनी के भारतीय विरासत के प्रतीक ब्रैम्पटन में गौरी शंकर मंदिर पs भारत विरोधी स्लोगन लिखल जाये के कड़ा निंदा करत बा। बर्बरता के घृणित कृत्य कनाडा में भारतीय समुदाय के भावना के गहिराह ठेस पहुंचवले बा। हमनी के कनाडा के अधिकारियन से एह ममिला में ठोस कार्रवाई के अपील कइले बानी सs।”

मेयर देलें कार्रवाई के भरोसा

घटना पs ब्रैम्पटन के मेयर पैट्रिक ब्राउन तोड़फोड़ के निंदा कइलें आ कहलें कि कनाडा के अधिकारी घटना के जांच कर रहल बानी सs। ब्रैम्पटन मेयर ट्वीट कइलें, “बर्बरता के एह घृणित काम के हमनी के शहर भा देस में कवनो स्थान नइखे,” ऊ कहलें, “हर केहू अपना पूजा स्थल में सुरक्षित अहसास पावे के हकदार बा।”

खालिस्तानी चरमपंथियन द्वारा कइल जाला अइसन हरकत

एकरा पहिले सितंबर 2022 में, कनाडा में BAPS स्वामीनारायण मंदिर के ‘कनाडाई खालिस्तानी चरमपंथियन’ द्वारा भारत विरोधी नारन से पोतल गइल रहे। तबो बहुते विरोध भइल रहे। उहां खालिस्तानी चरमपंथियन केे ओर से भारत के खिलाफ कइयन गो आउर घटना सामने आइल।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-