[the_ad_group id="30365"]

Bihar: गया में JDU के जिला उपाध्यक्ष के हत्या, शादी समारोह से लवटला के दौरान अपराधी गोलियन से छलनी कइलें सs 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गया जिला के मुफस्सिल थाना क्षेत्र अंतर्गत बगोदरा बीघा में सत्तारूढ़ दल जदयू के जिला उपाध्यक्ष सुनील सिंह के गोली मारकर हत्या कs दिहल गइल। सुक के रात ऊ कवनो शादी समारोह से अपना घर लवटत रहलें। एही दौरान पहिले से घात लगाके बइठल अपराधियन द्वारा उनका के रोकल गइल आ गोलियन से छलनी कs दिहल गइल। आनन-फानन में उनका अस्पतला ले जाइल गइल, जहां डॉक्टर लोग उनका के मृत घोषित कs दिहल। जदयू जिला उपाध्यक्ष के हत्या के बाद इलाका में सनसनी फइल गइल।

DU जिला उपाध्यक्ष सुनील सिंह के गोली मारके हत्या

पुलिस सूत्रन से मिलल जानकारी के मोताबिक, जदयू नेता के 6 गोली लागल बा। सुक के रात ऊ एगो शादी समारोह में सामिल होखला के बाद वापस घरे लवटत रहलें, जब बदमाश उनका पs फायरिंग कs देले सs। गोलियन के आवाज सुनके आसपास के लोग दउडरल आ सुनील सिंह के तत्काल अनुग्रह नारायण मगध मेडिकल कॉलेज में भर्ती करावल, बाकिर, डॉक्टर लोग उनका के मृत घोषित कs दिहल।

एने, घटना के सूचना पs गया के वरीय पुलिस अधीक्षक आशीष भारती घटनास्थल पs पहुंचलें। घटनास्थल पs एसएसपी कहलें कि आरोपितन के खोज करे खातिर विशेष टीम गठित कइल गइल बा। एसएसपी घटना के पुष्टि करत कहलें कि सुनील कुमार के हत्या बदमाश कइलें बाड़े सs। हालांकि, हत्या के कारण अभी स्पष्ट नइखे। पुलिस ममिला के जांच कर रहल बिया। ओहिजा, सनीचर के सबेरही से ही जिला उपाध्यक्ष के हत्या के खबर सुनके जदयू के तमाम नेता मगध मेडिकल कॉलेज पहुंचे लागल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]