Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Nepal Politics: समझे-बुझे के कोशिश में जुटल नेपाल, बड़हन देसन से काहें मिल रहल बा अतना भाव

अमेरिकी अधिकारियन के लगातार नेपाल जतरा से दक्षिण एशिया के देशन के राजनीति में बदलाव के आसार लउक रहल बा |

2,142

हाल के हफ्तन में अमेरिका के तीन गो बड़हन अधिकारियन के नेपाल यात्रा से  पूरा विश्व  चौंक गईल बा । एही  बीचे भारत के विदेश सचिव विनय मोहन क्वात्रा भी दु दिन के यात्रा पs नेपाल आइल रहले । एह दुनो यात्रा के लेकी  एहिजा  कूटनीतिक आ  राजनीतिक हलकन में गरमागर्म चर्चा जोर धईले बा  । अंतरराष्ट्रीय कूटनीति में अचानक नेपाल के  मिल रहल असाधारण अहमियत के कारणन के समझे  के एहिजा  कोशिश कईल जा रहल बा  ।

 

अमेरिका के विदेश उप मंत्री विक्टोरिया नुलैंड, यूएसएड के प्रमुख समांत पॉवर आ अमेरिकी विदेश मंत्रालय में दक्षिण आ मध्य एशियाई मामलन के प्रभारी आफरीन अख्तर तीन हफ्त न भीतरी नेपाल के दउरा कइले बा लो । अख्तर एही बुध के दू दिन रहला के बाद एहीजा से रवाना भईली। नेपाल के विदेश मंत्रालय के एगो वरिष्ठ अधिकारी  एह बारे में कहले बाड़े – ‘अमेरिकी अधिकारि लोग हमनी से खुद ओह लोगन के आमंत्रित करे के  कहले । हमनी के आमंत्रण ना भेजले रहनी  जा  | उ अपना  सुविधा से एहिजा  आइल रहे लोग आ आपन  चिंता आ शिकायतन के जानकारी हमनी के दिहल लोग ।’

अखबार काठमांडू पोस्ट में छपल एगो रिपोर्ट के मोताबिक एहिजा सरकारी अधिकारियन के संगे अपना बईठक के दउरान अमेरिकी अधिकारी लोग नेपाल के अधिकारी से पुछलस  कि नेपाल अमेरिका के स्टेट पार्टनरशिप प्रोग्राम (एसपीपी) में काहें ना शामिल भईल । एसपीपी में शामिल ना होखे के फैसला  नेपाल  के देव बहादुर देउबा सरकार के समय कईल गईल रहे। एकरा अलावा अमेरिकी अधिकारी लोग  परोक्ष रूप से चीन के लेके आगाहो कईले। नुलैंड एगो प्रेस कांफ्रेंस में कहली कि नेपाल के पड़ोसी देसन से संबंध बनावत घरी अपना संप्रभुता के रक्षा करे  के चाहीं। साफ तउर पs उनकर इशारा चीन के ओर रहे ।

एकरा अलावा अमेरिकी अधिकारी लोग यूक्रेन युद्ध समेत कईगो अंतरराष्ट्रीय मसलन पs नेपाल के समर्थन मांगल। एह बारे में नेपाल के अधिकारी लोग मीडिया से कहले  कि संयुक्त राष्ट्र में जतना प्रस्तावन के ले आवल  जाला आ ओकरा पs समरथन भा बिरोध के बाति  वाला मसला पs  नेपाल अपना कसौटियन के आधार पs  करेला आ आगहूँ एही तरे करी ।

इएही बीचे अइसनो संकेत मिलल बा कि जल्दिए  अमेरिका के  राष्ट्रीय सुरक्षा परिषद में दक्षिण एशिया मामलन के वरिष्ठ निदेशक रियर एडमिरल एलीन लौबेचरो नेपाल के जतरा कई सकेलें । नेपाल के कूटनीतिक विशेषज्ञन के मुताबिक नेपाल में नयका सरकार बनला  के कारण अमेरिकी अधिकारी लगातार काठमांडू के जतरा  कई रहल बाड़ें ।

पूर्व राजदूत अर्जुन कारकी  कहलें बाड़ें कि – ‘आम चिंता जतावे  के अलावा अमेरिका लोकतंत्र, मानव अधिकार, शरणार्थी अधिकारन आदि के  लेके  भी आवाज उठावत रहल बा ।  एकरा साथ ही उ नेपाल में राजतंत्र के बाद लमहर खिंचा रहल  न्याय प्रक्रिया आ  अमेरिका के सहयोग  से चले वाली परियोजनन के  समय पs पूरा करे लेके  भी चिंतित रहल बा । अमेरिका जानल चाहत बा  कि नेपाल के नयकी  सरकार कइसनं नीति अपनाई।’

विदेश नीति के विशेषज्ञ टीकाकार चंद्र देव भट्ट  अखबार काठमांडू पोस्ट से कहले कि अमेरिकी अधिकारियन के जतरा के कारण एह क्षेत्र में बढ़ल भू-राजनीतिक आपाधापी बा । एही सब के बीचे एहिजा  सरकार बदलला  के चलते उ लोग के  ध्यान एहिजा टिकल बा । उ कहलें- ‘सरकार बदलला के चलते हमनी के  विदेशी दोस्तन आ निवेशकन के मन में  जिज्ञासा पैदा भईल बा । अपना हितन के रक्षा खातिर उ लोग एहिजा से संपर्क बढ़वले बा ।’

464190cookie-checkNepal Politics: समझे-बुझे के कोशिश में जुटल नेपाल, बड़हन देसन से काहें मिल रहल बा अतना भाव

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.