दिल्ली पुलिस के क्राइम ब्रांच ईस्ट दिल्ली में मिल रहल इंसानी शरीर के टुकड़ा के गुत्थी सुलझा लिहले बा। बतावल जा रहल बा कि पाडंव नगर के रहे वाले एगो युवक के लाश के एक घर में काटकर ओके फ्रीज में रखल गइल रहे। जेकरे बाद हत्यारा रोजाना शव के टुकड़न के पाडंव नगर अउर ईस्ट दिल्ली के अलग-अलग इलाका में फेंक देत रहे।
जानकारी के मुताबिक, कत्ल के एह खौफनाक वारदात के माई-बेटामिलकर अंजाम दिहले रहे। ई अपने घर में शव के टुकड़ा क के फ्रीज में छुपाकर रखत रहनें सब अउर फिर ओके पाडंव नगर इलाकन में फेंक देत रहने सब। पुलिस दूनों आरोपियन के गिरफ्तार कs लिहले बा।