[the_ad_group id="30365"]

मशरक में घोघिया गांव के अखबार विक्रेता के मारपीट कs के कइल गइल घायल, रूपियो छीनल गइल 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मशरक(सारण)/ धर्मेन्द्र कुमार सिंह: मशरक में अखबार विक्रेता के संगे मारपीट कs के रूपिया छीन लेवे के समाचार सोझा आइल बा। घायल अखबार विक्रेता के इलाज मशरक सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र में चल रहल बा। घटना के सूचना थाना पुलिस के दिहल गइल बा। पुलिस ममिला के जांच पड़ताल कर रहल बिया।

मशरक थाना क्षेत्र के घोघिया गांव निवासी गेंदा मांझी के पुत्र आ मशरक के अखबार विक्रेता भुआली माॅझी मशरक थाना में एगो आवेदन देले बाड़ें कि ऊ पेपर बेचे के काम करेलें। मशरक गांव आ डुमरसन बाजार तक पेपर देवे के काम करत बाडें। सब दिन के तरे आजो पेपर बेचे गइल रहस, अखबार बेचके अखबार एजेंसी के मालिक मनोज कुमार स्वर्णकार के लगे पईसा जमा करे जात रहस। एही बीच मशरक तक्थ गांव में अपना साइकिल से पहुंचले रहस कि एगो कार से कुछ लोग आइल आ घेर लिहल। कार से नीचे उतरके हमरा के गाली देत मारे लागल लो। हल्ला कइला पs अगल बगल के लोग पहुंचल। तब तक हमरा पाकिट से 630 रूपया निकाल के कार में बइठ के चल दिहल लो। पुलिस ममिला के जांच-पड़ताल कर रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]