[the_ad_group id="30365"]

सीवान में चोरन के आतंक, तीन घरन से लाखन रुपिया के आभूषणन समेत कइयन सामानन के चोरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान: बिहार के सीवान में चोरी (Theft at Three House In Siwan) भइल बा। गुठनी थाना क्षेत्र (Guthani Police station area) के तीन अलग अलग गांवन में बियफे के देर रात चोर लाखन रुपिया के आभूषण ,कैश के चोरी कइले बाड़े सs। एह चोरी के जानकारी घर वालन के तब मिलल जब घर ले महिला लोग रात में सुतला के बाद उठके शौच खातिर बाहर निकलल लो। जवना के बाद सूचना मिलला पs मवका पs पहुंचल पुलिस ममिला के छानबीन में जुटल बिया।

तीन गांवन में चोरी के घटना के अंजाम:

दरअसल ई ममिला सीवान के पतौवा गांव के हs। जहां चोर ग्रामीण दुर्गा प्रसाद मिश्र आ तेज बहादुर यादव के घर में पीछे से घुसके चोर लाखन रुपिया के सामानन के चोरी कइले बाड़े सs आ घर के सारा सामान एने ओने बिखरल पड़ल बा। ओकरा बाद घर के महिला लोग शोर मचावल। तब जाके घर के अगल-बगल के लोग मवका पs पहुंचल आ ओकरा बाद पुलिस के एह बात के सूचना दिहल गइल। ओहिजा ग्रामीणन के कहनाम बा कि इहां के अलावा पडरी, सरफोरवा, टेकनिया कुटी समेत आधा दर्जन जगहन पs एही तरीका से चोरी के घटना के अंजाम दिहल गइल।

घटना के सूचना मिलला के बाद मवका पs पहुंचल थानाध्यक्ष अभिमन्यु कुमार, एएसआई जयलाल राम, एएसआई प्रमोद तिवारी परिजनों से पूछताछ कइलें। पीड़ित परिजनन के कहनाम बा कि चोर घर के पीछे खुला जगह से घुसकर चोरी कइले बाड़े सs। जवना के बाद पुलिस के कहनाम बा कि पीड़ित परिवार के तरफ से लिखित शिकायत मिलल बा। एह ममिला के पुलिस गंभीरता से जांच कर रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]