Video: आंध्र प्रदेश में भइल भीषण सड़क हादसा, 6 लोगन के मउत आ कईगो घायल

Minee Upadhyay

 

नेल्लोर : आंध्र प्रदेश के नेल्लोर जिला में एगो भयानक सड़क दुर्घटना हो गईल। जिला के मुसुनुरु टोल प्लाजा पs एगो लॉरी आ बस के टक्कर हो गइल। एह हादसा में 6 लोग के मउत हो गइल आ 20 लोग घायल हो गइल बा।जानकारी के मुताबिक इs दुर्घटना रात के 2 बजे भईल जब श्रीकालहस्ती जाए वाला दु बैल के लेके जात ट्रक के पीछे से लोहा लेके जात एगो अवुरी ट्रक कचर देलस।

20 से अधिक लोग घायल हो गइले

टक्कर के बाद लोहा से भरल ट्रक के चालक नियंत्रण खो के दूसरा ओर से आवत एगो निजी बस से टकरा गईल। दुर्घटना के जानकारी देत ​​कवाली के डीएसपी वेंकटरमण बतवले कि नेल्लोर जिला के मुसुनुरु टोल प्लाजा में एगो लॉरी अवुरी बस के टक्कर हो गईल। एह दौरान 6 लोग के मउत हो गईल, जबकि 20 लोग घायल हो गईले। उ बतवले कि घाही लोग के अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा।

कानपुर सड़क दुर्घटना में 6 लोग के भी मउत हो गईल

एकरा से पहिले उत्तर प्रदेश के कानपुर देहात में एगो बड़ सड़क दुर्घटना हो चुकल रहे। एहिजा तिलक समारोह से घरे लवटत मोटरसाइकिल सवारन के गाड़ी बेकाबू होके नाली में गिर गइल।एs दुर्घटना में 6 लोग के मउत हो गईल जबकि दुs लइका के मामूली चोट आईल। जानकारी के मुताबिक दुर्घटना के शिकार लोग इटावा में तिलक समारोह से अपना घरे लवटत रहले। कानपुर देहात के सिकंदरा थाना क्षेत्र के जगन्नाथपुर गांव के पास के हादसा।

इs हादसा छत्तीसगढ़ में भी भईल

छत्तीसगढ़ के बीजापुर जिला में बुध के दिने एगो ट्रक के दोसरा मालवाहक गाड़ी से टकरा के चार लोग के मउत हो गइल आ दस जने घवाहिल हो गइले। पुलिस इs जानकारी देले बिया। एगो पुलिस अधिकारी बतवले कि राज्य के राजधानी रायपुर से करीब 450 किलोमीटर दूर नैमेड थाना क्षेत्र के राष्ट्रीय राजमार्ग पs मिंगाचल गांव के नजदीक देर सांझ के दुर्घटना भईल।

 

 

Share This Article
Content Creator
Follow:
भोजपुरी पत्रकारिता में 2 साल से काम कइला के अनुभव। भोजपुरी में समाचार लिखे के गहिराह जानकारी के संगे फिलिम, मनोरंजन, स्पेशल स्टोरी आदि सेगमेंट्स के खबरन के पढ़े खातिर हमरा संगे बनल रही खबर भोजपुरी पs।