शमी-अख्तर के बीच का बा पूरा मामला?
शोएब अख्तर हार के बाद ट्विटर पर दिल टूटे वाला इमोजी शेयर कइले रहनें। उनके ट्वीट के रिट्वीट करत शमी लिखलें ”सॉरी भाई! एही के कर्मा कहल जाला।” कुछ ही घंटा के अंदर शमी के एह जवाब के लाखो सोशल मीडिया यूजर लाइक कइलें अउर एह पर कई लोग कमेंट भी कइल। फिर बारी अख्तर के रहल। ऊ हर्षा भोगले के एगो बयान के शेयर कइलें। एहमें हर्षा पाकिस्तानी टीम के तारीफ करत रहनें। अख्तर लिखलें, ”एके कहल जाला सेंसिबल ट्वीट।”
अफरीदी का कहनें?
अफरीदी पाकिस्तानी न्यूज चैनल पs जब एह बारे में पूछल गइल त ऊ कहलें कि खिलाड़ियन के एह सब चीज से दूर रहे के चाहीं। एसे नफरत फइलsला। ऊ कहनें, ”जब आप संन्यास ले चुकल होखीं तब एह सब चीज से दूर रहे के चाहीं। इहां त खिलाड़ी अपने टीम खातिर खेल रहल बा उनके अइसन चीज के जाए देवे के चाहीं। हमनीं के एह सब चीजन के खत्म करे के चाहीं न कि नफरत बढ़ावे के चाहीं। अगर हम अइसन करब त आम आदमी से का उम्मीद रख सकतनी जा।
Comments are closed.